भव्यता से मनावल गइल सर्व भाषा ट्रस्ट के दूसरका वार्षिकोत्सव

केशव मोहन पाण्डेय

भारत २९ माघ,
भाषा, साहित्य, कला आ संस्कृति के संरक्षण–संवर्धन खातिर समर्पित संस्था सर्व भाषा ट्रस्ट के दूसरका वार्षिकोत्सव बड़ा भव्य तरीका से गांधी शांति प्रतिष्ठान में आयोजित कइल गइल । ओ

वार्षिकोत्सव में देश के अलग–अलग अंचल से लगभग द्दद्ध भाषा के साहित्यकार, भाषाविद, चित्रकार आ अउरी विभूति लोग के सम्मानित कइल गइल ।

वार्षिकोत्सव में बतौर मुख्य अतिथि महामंडलेश्वर मार्तण्ड पुरी जी अपना वक्तव्य में कहनी कि साहित्य संन्यास होला आ साहित्यकार संन्यासी ।

साराग–दोष से मुक्त समाज के असली निर्माता होला । अपना अध्यक्षीय भाषण में सर्व भाषा ट्रस्ट के अध्यक्ष आ वरिष्ठ साहित्यकार श्री अशोक लव जी सर्व भाषा मंदिर के संकल्पना के बतावत सगरो भाषा के साहित्यकार लोग के आह्वान कउवें आ सर्व भाषा ट्रस्ट के कल्पना के भारत के आत्मा बतावत साथ देबे वाला सहयोगी लोग के धन्यवाद देहुवें ।

कार्यक्रम के शुरुआत दीप प्रज्ज्वलन आ सुश्री रिया के सरस्वती प्रार्थना से भइल । अपना स्वागत भाषण में सर्व भाषा ट्रस्ट के समन्वय केशव मोहन पाण्डेय ट्रस्ट के काम के विस्तार से जानकारी दिहले आ आगामी योजना के बतवले ।

ऊ घोषणा कइले कि एक बरीस में सर्व भाषा ट्रस्ट के ओर से देश के अलग–अलग अंचल में लगभग हर महीना समसामयिक विषयन पर परिचर्चा आयोजित कइल जाई ।

पहिलका सत्र में विशिष्ट अतिथि शिक्षाविद आ साहित्यकार रेणु हुसैन जी साहित्य आ भाषा के समन्वय रूप खातिर बधाई देत सर्व भाषा ट्रस्ट के काम के भारतीय विचारधारा के मजÞबूत करे वाला काम बतवली ।
सर्व भाषा ट्रस्ट के वार्षिकोत्सव में लगभग डद्द विभूति लोग के अलग – अलग सम्मान से सम्मानित कइल गउवे । महामंडलेश्वर मार्तण्ड पुरी जी के ’राष्ट्र रत्न द्दण्ज्ञढ’ से अलंकृत कइल गइल त प्रेरक काज खातिर रोमी शर्मा, चंद्रकला मिश्रा आ डाकक. प्रभा कुमारी के ‘सुषमा स्वराज नारी गौरव सम्मान’ दिहल गइल । श्रेष्ठ साहित्य संस्था सम्मान एह साल पचास बरीस से सेवा करत ‘साहित्य सभा कैथल’ क सम्मानित कइल गइल । ‘सर्व भाषा हरियाणवी लेखक सम्मान’ कृष्णा बाछल के आ ‘माता चंपा देवी राष्ट्रीय कला सम्मान’ कौशलेश पाण्डेय, पवन वर्मा आ डाकक. कुमुद सिंह के दिहल गइल ।

पं. बनारसी पाण्डेय स्मृति सम्मान यशस्वी साहित्यकार डाकक. अशोक द्विवेदी के दिआइल ।
एकरा पहिले हास्य–व्यंग्य कवि केवल कुमार केवल क डोगरी किताब ’कैसा बेल्ला आया ऐ’ डा. किरण सोनी क किताब ’अतीत के झरोखे से’, आशु शर्मा क किताब ’नाराते’ आ यशपाल निर्मल क किताब ’छुट्टियां’,’ मक्खन–मखाने’ आ ’असली वारिस’ क लोकार्पण भइल ।

‘रामकृष्ण त्यागी स्मृति कथा सम्मान’ अनिता रश्मि क ‘दयावती त्यागी स्मृति सरस्वती सम्मान’ डाकक. शुभदा पाण्डेय, श्याम सिंह त्यागी स्मृति हिंदी सेवा सम्मान’ डाकक. प्रदीप उपाध्याय क ‘राजवती त्यागी स्मृति जीवन–गौरव सम्मान’ सोनू तँवर क आ ‘सर्व भाषा पत्रकारिता सम्मान’ प्रियरंजन झा आ रविशंकर मिश्र जी क दिआइल ।

उसके पहले ज्ञद्ध विभूतियों को ‘सर्व भाषा सम्मान’ दिया गया जिसमें प्रवक्ता, सामाजिक कार्यकर्ता व विचारक अजीत सिंह, ललित ग्रोवर, अशोक श्रीवास्तव, डाकक. हरीश झंडेई, नाट्य मंच रंगश्री के निदेशक व रंगकर्मी महेंद्र प्रसाद सिंह, डाकक. मुन्ना के पाण्डेय, कुलदीप श्रीवास्तव, राजीव उपाध्याय, राकेश श्रीवास्तव, डाकक. राजेश कुमार ‘माँझी’, शशि रंजन मिश्र, पंकज कुमार बसंत, पूजा बहार थे ।

द्दद्ध को ‘सर्व भाषा सेवा सम्मान’ से सम्मानित किया गया । यशपाल निर्मल, केवल कुमार केवल, तरुणा पुंडीर, इंदुमति मिश्र, मधु त्यागी, मुकेश यादव, डाकक. मनोज तिवारी, आभा जैन, भावना मिलन अरोड़ा, सुनील कुमार सिन्हा, जयशंकर प्रसाद द्विवेदी, केशी गुप्ता, सुश्री श्वेता, विजय प्रकाश भारद्वाज, राजेश भंडारी ‘बाबू’, कविता पुंडीर, डाकक. किरण सोनी, प्रदीप कुमार पाण्डेय, पूनम मिश्रा, अमित कुमार पाण्डेय ।

भोजपुरी साहित्य खातिर ‘पं. धरीक्षण मिश्र साहित्य सम्मान’ डाकक. सुमन सिंह, अनिल पाण्डेय ‘अकेला, कौशल मुहब्बतपुरी आ सुशांत शर्मा के दिआइल त संस्कृत साहित्य खातिर ‘पं. अर्जुन तिवारी साहित्य सम्मान’ डाकक. फिरोज आ प्रकाश रंजन मिश्र के दिआइल । कुमाउँनी भाषा खातिर ‘गिरीश तिवारी गिर्दा साहित्य सम्मान’ पूरन चंद्र कांडपाल, खुशालसिंह खनी, ज्ञान पंत, भुवन विष्ट आ नीलम पाण्डेय ‘नील’ के दिआइल ।

हिंदी भाषा खातिर सूर्यकांत त्रिपाठी निराला साहित्य सम्मान’ कल्पना मनोरमा, डाकक. बसुन्धरा उपाध्याय, आनंद प्रकाश शर्मा, डाकक. उषा किरण, सर्वेश तिवारी ‘श्रीमुख’, डाकककक. आरती पाठक, बसंत कुमार शर्मा, शालिनी शर्मा, मनीष शुक्ल, डाकक. किरण सोनी, लिली मित्रा, राजेंद्र श्रीवास्तव, डाकक. श्याम बिहारी मिश्र, डाकक. गरिमा संजय दुबे के दिआइल । कार्यक्रम के संचालन तरुणा पुंडीर जी के निर्देशन में प्रदीप पाण्डेय, पारुल पाण्डेय, श्वेता आ भावना मिलन अरोड़ा जी कइलें ।

इंदुमति मिश्रा, जे पी द्विवेदी, केशी गुप्ता, यशपाल निर्मल, आभा जैन, मुकेश यादव मंच के संचालन में रहलें । सर्व भाषा ट्रस्ट क सचिव रीता मिश्रा, मधु त्यागी जी, सुनील सिन्हा जी अंत में सगरो आगंतुक, आयोजन के सहयोगी अमित कुमार पांडेय, प्रभात पब्लिशिंग हाउस, भोजपुरी संगम, मेल वेल स्टूडियो आ अउरी सबके खातिर आभार प्रकट करत धन्यवाद ज्ञापित कइलें ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।