दादुरा रुबेला खोप सम्बन्धित पालिका स्तरीय अभिमुखीकरण कार्जक्रम पुरा

पोखरिया २९ माघ,

पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका स्वास्थ्य शाखा के आयोजना मे सखुवाप्रसौनी हेल्थ पोष्ट के तालिम हल मे दादुरा रुबेला खोप अभियान सम्बन्धि अभिमुखीकरण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

एक दिने गोष्ठी मे खोप के लक्ष्य, उदेश्य, उपलब्धि, अवस्था, दादुरा रुबेला खोप २०७६÷०७७ के औचित्य आ संचालन प्रक्रिया,दादुरा रुबेला खोप अभियान मे खोप समन्वय समिति, सञ्चार क्षेत्र आ सरोकारवालालोग के भुमिका आ जिम्मेवारी के बारे मे जानकारी करावल गईल रहे । ९ महिना से ५ बरीस से कम के लइकालइकी के दादुरा रुबेला खोप लगावे के जनावल गईल बा ।

गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदीप जैसवाल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे गाँवपालिका के स्वास्थ्य शाखा अधिकृत राजेश रौनियार, वार्ड अध्यक्ष, सदस्यय, शिक्षक, सञ्चारकर्मी आ सरोकारवालालोग के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।