केहु के प्रभाव आ खिंस के चलते समाचार सम्प्रेषण ना करे खातिर ईन्चार्ज चौधरी के निहोरा

बारा ०३ फागुन,

निश्पक्ष स्वतन्त्र समाचार सम्प्रेषण करे खातिर नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) बारा जिल्ला ईन्चार्ज बलविर चौधरी निहोरा बा कईले बानी ।
प्रेस संगठन नेपाल बारा शाखा के जिल्ला भेला के कोल्वी मे सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि चौधरी केहु के प्रभाव आ खिंस के चलते समाचार सम्प्रेषण ना करे खातिर निहोरा कईनी । प्रेस स्वतन्त्र निष्पक्ष रही तबही जनता के सही सुचना मिलि कहके चौधरी जानकारी करवले बानी ।

प्रधानमन्त्री के पुर्व जनसम्पर्क सल्लाहकार अच्चुत मैनाली शिक्षा मे जादा से जादा महत्व देवे के परल कहत कम्ति मे स्नातक तक पढाइ पढल जरूरी रहल बतवनी । आपना दायित्व उपर सचेत होके पेशा के मार्यादीत बनावे के मैनाली निहोरा कईनी ।

पुर्व खेलकुद मन्त्री पुरूषोतम पौडेल पार्टी प्रकृती के अगाडि बढावे के आ देश के अग्रीणी नेतृत्व मे पुगावेला संचार क्षेत्र के विशेष महत्व रहल बतवले बानी । खास कर के नाकरात्मक समाचार के खोज–खोज के आ सकारात्म समाचार के आपन रोजाई के लिखे के काम से जनता के कहाँ कहाँ मोडे के काम करेला जवना ओर ध्यान देवे के पौडेल जनकारी करावले बानी ।

पत्रकारीता के गुण, भावना, धर्म के सहि जगह मे पुगवला पर जनता मे अगाडि बढे के सहि रास्ता मिलि पौडेल जानकारी करावले रहनी ।
प्रेस सेन्टर नेपाल के बारा संयोजक दिवाकर भण्डारी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा के केन्द्रीय सदस्य दिनेश राई, कोल्हवी नगरपालीका के मेयर भरत भण्डारी, शिवचन्द्र कुशवाहा, प्रेस सेन्टर नेपाल के पर्सा संयोजक निरज पिठाकोटी लगायत के लोग पत्रकारीता के सम्बन्ध मे चर्चा परिचर्चा कईले रहनी ।

९ बुन्दे कोल्हवी घोषण पत्र पार्टी सुधिकरण, जिल्ला के विकास मे रास्ता, बन जंगल संरक्षण आ एयरपोर्ट निमार्ण, फास्ट ट्रायक जलदी से जल्दी बनावे के कहके जारी करत भेला पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम मे प्रेस युनियन के नवीन चौधरी, प्रेस मञ्च के उपाध्यक्ष प्रवेश चौधरी, सचिव साविर आलम आ संघिय प्रेस फोरम के नरेश गुप्ता प्रेस सगठन नेपाल मे प्रवेश कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।