तीन पत्रकार पुरस्कृत

बारा ०३ फागुन,
बारा जिल्ला से प्रकाशित कृपा दैनिक पत्रिका के १९ वाँ वार्षिकोत्सव के उपलक्ष्य मे तीन जने पत्रकार लोग पुरस्कृत भईल बाडन ।
बारा कोल्हवी मे भईल कार्जक्रम मे नवजान कल्याण कोष से स्थापना कईल नगद ५० हजार राशी के स्व. उमादेवी (जानकी) स्मृती पत्रकारीता पुरस्कार मे से २५ हजार संचारकर्मी गम्भीरा सहनी के आ २५ हजार दिवाकर भण्डारी के सम्मान पत्र सहित गमछा ओढा के पुरस्कृत कईल गईल बा ।
ओईसही नवजात कल्याण कोष से स्थापना भईल नगद १० हजार राशी के स्व. चन्द्रप्रसाद खनाल स्मृति पत्रकारीता पुरस्कार से रेडियो संस्कार के स्टेसन मनेजर अनिल गौरव के सम्मान पत्र आ गमछा सहित पुरस्कृत कईल गईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पूर्व खेलकुद मन्त्री पुरूषोतम पौडेल पत्रकारीता बहुत जोखिम पेशा रहल जानकारी करवले बानी । विष्ठअतिथि नेकपा के ईन्चार्ज बलविर चौधरी पत्रकार सब के सत्यतथ्य समाचार लिखे खातिर निहोरा कईनी ।
कृपा दैनिक के प्रकाशक कमल उपाध्याय के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे पत्रकार महासंघ के प्रदेश २ के सदस्य सिकेन्द्र पासवान, बरिष्ठ पत्रकार सत्यप्रकास श्रेष्ठ, गोकुल घोरासाईने लगायता के सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन कृष्णउदास खानाल कईले रहनी ।






