प्रजातन्त्र दिवस मे वीरगंज कारागार से १८ जने कैदी छुटलें

वीरगंज ०७ फागुन,
प्रजातन्त्र दिवस के अवसर मे वीरगंज कारागार से १८ जने कैदी छुटल बाडन । कैद कट्टी नियमावली बमोजिम मापदण्ड पूरा कईल १८ जने कैदी छुटल बाडन ।
१९ जने के कैद कट्टि के खातिर सिफारिस कईला मे १८ जने के कट्टी भईल कारागार प्रमुख जेलर श्रवणकुमार पोखरेल जानकारी देहनी । प्रक्रिया पूरा करके उलोग के आफन्त के जिम्मा लगावल गईल उनकर कहनाम बा ।
अंगभंग मुद्वा के ६ जने, वन पैदावार के ४ जने, ज्यान मारेवाला उद्योग, हाथहथियार, सवारी ज्यान मुद्दा के २÷२ जने, किर्ते, पिटपाट अंगभंग के १÷१ जना कैदी छुटल बाडन ।
बारा के प्रसौनी गाँवपालिका के प्रमुख भोला गुप्ता आ उप प्रमुख सहित कैद कट्टी होके छुटल कैदी बुझे आईल रहलन । गाँवपालिका के ६ जने बन्दी छुटला से बुझे आईल रहलन । उलोग कारागार के कम्पाउण्ड मर्मत सम्भार के खातिर पालिका के ओरी से ३० बोरा सिमेन्ट उपलब्ध करावे के प्रतिबद्वता भी जनावल कारागार कार्यालय जनवले बा ।






