बास्कोटा सँगे आउर संलग्न उपर भी निष्पक्ष छानबिन करेके नेता महत के माग

वीरगंज ०९ फागुन,

नेपाली काँग्रेस के सहमहामन्त्री प्रकाशशरण महत सेक्युरिटी प्रिन्टिङ प्रेस खरिद प्रकरण मे निवर्तमान सञ्चार तथा सूचना प्रविधि मन्त्री गोकुल बास्कोटा सँगे एमे संलग्न आउर आदमी उपर भी निष्पक्ष छानबिन करेके माग कईले बानी ।

नेपाल प्रेस युनियन पर्सा से आजु वीरगंज मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे नेता महत पार्टी के नेता के व्यक्तिवादी सोच के आम कार्यकर्ता से नकारला के बाद काँग्रेस भितर व्यक्तिवादी सोच मत्थर होत गईल बतवले बानी । उ व्यक्तिगत स्वतन्त्रता के परिधि के पार करत समय समय मे पार्टी भितर उलकेवाला नेता के व्यक्तिवादी चरित्र के आम कार्यकर्ता से नामन्जुर कईला के बाद नेतालोग धिरे धिरे सचेत होत गईल बतवनी ।

सेक्युरिटी प्रेस खरिद प्रकरण मे एजेन्ट सँगे कईल कमिसन डिल के अडियो सार्वजनिक भईला के बाद बास्कोटा शुक के दिने पद से राजीनामा देहले बानी । माकिर, कांग्रेस सहमहामन्त्री महत ई प्रकरण मे आउर पात्र भी संलग्न भईल देखल गईला से निष्पक्ष छानबिन करेके माग कईले बानी ।

“सेक्युरिटी प्रेस खरिद प्रकरण मे बास्कोटा सँगे आउर आदमी भी संलग्न हो सकेके देखल गईल बा,” कहत “बास्कोटा सँगे एमे संलग्न आउर पात्र के बारे मे भी छानबिन करके सत्यतथ्य सतह के लियावेके पडि” कहके बतवले बानी ।

पार्टी के विचार आ विधानविरुद्ध जाके खुद अनुकूल के व्यक्तिवादी चरित्र प्रदर्शन करेवाला नेता के विचार आ पार्टी के केन्द्रविन्दु मे राखे खातिर अगाडि बढे खातिर खबरदारी कईला के बाद व्यक्ति केन्द्रित सोच मत्थर होत गईल प्रष्ट कइनी ।

उ रु ७० करोड कमिसन प्रकरण के स्वतन्त्र आ निष्पक्षरूप मे छानबिन करेके बतवनी । भ्रष्टाचारविरुद्ध शान्तिपूर्ण प्रदर्शन मे उतरल नेविसङ्घ के नेता÷कार्यकर्ता उपर बल प्रयोग करके भ्रष्टाचारके तोपताप करे खातिर सरकार उद्धत रहल उनकर कहनाम रहे । देश मे बढत गईल महङ्गी, अनियमिता, भ्रष्टाचार विरुद्ध आम जनता के जानकारी देवे खातिर जलदी काँग्रेस सडक मे उतरेके नेता महत जानकारी देहनी ।

प्रेस युनियन पर्सा के अध्यक्ष रामनारायण कुर्मी के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे जिल्ला सभापति अजय द्विवेदी, प्रदेशसभा सदस्य ओमप्रकाश शर्मा, केन्द्रीय सदस्य महेन्द्र यादव, नेता अनिल रुङ्गटा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।