स्वास्थ्यकर्मी के आन्दोलन के चलते कार्जक्रम प्रभावित

सर्लाही ९ फागुन,
हरिपुर नगरपालिका अन्तर्गत रहल पाँच स्वास्थ्य संस्था मे कार्यरत स्वास्थ्य कर्मचारी के नगरपालिका से फिर्ता कईल कहत स्वास्थ्यकर्मी आक्रोशित भईल बाडन ।
नगरपालिका अन्तर्गत रहल स्वास्थ्य संस्था मे सरुवा होके आईल तथा समायोजन मे पडल २० स्वास्थ्यकर्मी के नगरपालिका पत्र काट के फिर्ता बोलावल कहत उलोग आक्रोशित भईल बाडन ।
नगरपालिका जरुरी तलब भत्ता देवे सकेके अवस्था ना रहल कहत खुदसब के स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय मे फिर्ता कईल हरिपुर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र के सुनिलकुमार ठाकुर बतवनी । एहितरे लक्ष्मीपुर, फरहदर्वा, पिडारी, जानकीनगर करके पाँच स्वास्थ्य संस्था के स्वास्थ्यकर्मी के नगरपालिका आपन खुशी से मन्त्रालय मे फिर्ता कईले बाडन ।
समाजनयोय होके आईल स्वाथ्यकर्मी के हाजिर करईला पर भी बाद मे कर्माचारी बेसी भईल कहत स्वास्थ्यकर्मी आक्रोश व्यक्त कईले बाडन । साथे नियमसंगत समायोजन भी ना भईल उलोग के कहनाम बा ।
पहिले से हि नगरपालिका मे काम कर रहल आ समायोजन भी नगरपालिका मे हि भईल स्वस्थ्य कर्मचारी के भी फिर्ताा पठावल उलोग के आरोप बा । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय, आर्थिक प्रशासन शाखा लगायत के बोधार्थ कहके लिखल पत्र मे नगरपालिका के नगरप्रमुख जमरुद्दिन मन्सुर हस्ताक्षर कईले बाडन ।
नियमसंगत नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत से फिर्ता पत्र मे हस्ताक्षर कईल पत्र भईला पर खुदसब स्वीकार करे सकेके स्वास्थ्यकर्मी के माग बा । खुदसब बाहर से सरुवा होके तथा समायोजन होके आईल माकिर तीन चार महिना तक तलबभत्ता खिअईला के बाद फिर्ता कईला के कारण भी खुदसब माग कईल हेल्थ असिष्टेन्ट निभा यादव बतवनी ।
खुदसब गोप्य तरिका से चिठ्ठी बुझल हस्ताक्षर करा के पत्र बुझावल उलोग के कहनाम बा । फिर्ता पठावे के कउनो नियमअन्तर्गत भईल बा कहके पुछला पर नेपाल मे नियमसंगत कउनो काम ना होखेके नगरप्रमुख मन्सुर जवाफ देहल उलोग के कहनाम बा ।
विष्णु गाँवपालिका मे समायोजन होके जाएवाला दु जने के चिठ्ठी भी तइयार करके भी नगरपालिका रोक के राखल उपर उलोग जिज्ञासा रखले बाडन ।
नगरपालिका स्वास्थ्य शाखा प्रमुख विकाउ महतो ई विषय मे खुद कुछो ना बोलेके बतवनी । खुद स्वास्थ्यचौकी प्रमुख भईला पर भी बियफे से हाजिर ना करे खातिर फिर्ता पत्र अईला से खुद के बुझावे के बरबुझारत कहाँ करेके कहके अन्योलता रहल राम कैलाश महतो बतवनी ।
सरुवा–बढुवा तथा नियुक्ति करेके अधिकार आपन भईला पर भी फिर्ता करेके अधिकार आपन ना भईला के चलते खुद फिर्ता पत्र मे हस्ताक्षर ना कईल आ नगरप्रमुख से हस्ताक्षर कईल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत उदयप्रसाद देवकोटा बतवनी । संघीय सरकार से भी चार पाँच महिना मे कर्मचारी फिर्ता करेके कउनो नियम कानून ना रहल बतवनी । स्वास्थ्यकर्मी के आन्दोलन के चलते नेपाल सरकार के नियमित खोप कार्जक्र भी प्रभावित भईल बा ।






