मिर्जापुर मे भेडा के लडाई प्रतियोगिता

पोखरिया ०९ फागुन,
महाशिवरात्री के अवसर मे आजु पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं २ मिर्जापुर मे भेडा के लडाई प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।
मिर्जापुर मे रहल शिवमंदिर मे महाशिवरात्री मेला के अवसर मे हरेक बरीस जइसन ई बरीस भी भेडा कुस्ती प्रतियोगीता के उदघाटन ईगरासन साह कलवार कईले रहनी । भेडा के कुस्ती नेपाल भारत के भेडालोग लियावल सहभागीता रहल रहे ।
भेडा कुस्ती प्रतियोगिता मे नेपाल के बिश्रामपुर, मिर्जापुर, झलमहिया, भलुवहिया आ भारत के धनकुटवा, बेतिया, मझवलिया लगायत के जगहा से ९० गो भेडासब सामिल भईल रहे । भेडा कुस्ती प्रतियोगिता मे जितेवाला भेडा साहु के ५ हजार से १० हजार तक पुरस्कार देहल जनावल गईल बा ।
भेडा कुस्ती प्रतियोगिता मे वार्ड अध्यक्ष राजबली यादव पुरस्कार बितरण कईले रहनी । भेडा कुस्ती प्रतियोगिता मे रामपुकार यादव, हरेन्द्र पासवन, हमानचल कुशवाहा, हिरालाल यादव, जितेन्द्र यादव लगायत के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।






