‘एकता के खातिर दौड–वीरगंज मे म्याराथन २०२०’ प्रतियोगिता के तइयारी पुरा

वीरगंज ११ फागुन,
सेना दिवस के अवसर मे नेपाली सेना ‘एकता के खातिर दौड– वीरगंज मे म्याराथन २०२०’ प्रतियोगिता के आयोजना करे लागल बा ।
नेपाल सरकार रक्षा मन्त्रालय, नेपाली सेना मध्य पृतना के अगुवाई आ मध्य पूर्वी पृतना के सहजोग मे नं. २८ बाहिनी अड्डा के सेना ४२ किलोमिटर के वीरगंज म्याराथन २०२० के आयोजना करे लागल बा । वी
महानगरपालिका के संयोजकत्व, भिजिट नेपाल २०२० प्रदेश २ आ वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के सह आयोजना मे इहे फागुन १७ गते प्रतियोगिता शुरु होखेके वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी बतवनी ।
प्रतियोगिता मे ६ हजार से बेसी के सहभागिता होखी । जउना मेसे ४१ सय जने के निःशुल्क टिसर्ट आ टोपी उपलब्ध करावेके जनावल गईल बा ।
“स्वच्छ देश—स्वस्थ मधेश” कहके मुल नारा के साथ सेना से आजु उद्योग वाणिज्य संघ मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे ‘एकता के खातिर दौड’ म्याराथन प्रतियोगिता के लगभग सभी तइयारी पुरा भईल मेयर सरावगी बतवले बानी । उ अनेकन सहजोगी दातालोग के सहजोग मे करिब ७५ लाख के लागत मे प्रतियोगता करे लागल जनावल गईल बा ।
अनेकन १४ समूह मे प्रतियोगिता के बाँटल गईल बा । पहिलका दौड प्रतियोगिता मे ४२ किलोमिटर दुरी तय करके प्रथम प्रतियोगि के नगद २ लाख, द्वितिय होखेवाला के एक लाख पचास हजार आ तृतिय होखेवाला के १ लाख नगद सहित प्रमाणपत्र देवेके नेपाली सेना चण्डीप्रसाद गण पर्सा के गणपती मदन जंग राणा बतवनी ।
बारा के पिलुवा से सबेरे ६ बजे से सुरु होखेवाला ४२ किलोमिटर के दौड कलैया होत गढीमाई आ गढीमाई से फिर्ता होत वीरगंज स्थित नेपाली सेना के व्यारक तक के दुरी तय करी ।
एहितरे हाफ म्याराथन मे जनानी आ मरदाना करके अलग अलग २१ किलोमिटर के दुरी तय करी । व्यारक से शुरु होखेवाला दौड बारा के सिसहनिया चौक से फिर्ता होत व्यारक तक के दुरी तय करी ।
एकर प्रथम होखेवाला के ७५ हजार, दुसरका होखेवाला के ५० हजार आ तिसरका होखेवाला के ३५ हजार नगद प्रदान करेके गणपति राणा बतवनी ।
१५ हजार से २ लाख तक नगद राशी के व्यवस्था भी कईल आयोजक संस्था जनवले बा । प्रतियोगिता मे सिभिलियन आ फौज ओरी से १०–१० कि.मि. के दौड, अनेकन स्कुल के लइकालइकी के खातिर ५ कि.मि.के दौड, ५ किलोमिटर के हारिटेज वाल आ १ किलोमिटर के जेष्ठ नागरिक के खातिर दौड के आयोजना कईल गईल बा ।
प्रतियोगिता के उदघाटन नेपाली सेना के प्रमुख पुर्णचन्द्र थापा आ प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री मोहमद लालबाबु राउत गद्दी संयुक्त रुप मे करेके नेपाली सेना के २८ बाहिनी अड्डा के सहायक रथी अनुपजंग थापा बतवनी ।
म्याराथन प्रतियोगिता से प्रदेश २ मे खेलकुद के विकास मे टेवा पुगेके, नया खेलाडी के उत्पादन आ पहिचान, अनेकन निकायसब से सम्बन्ध विस्तार होखेके आ प्रदेश सरकार से संचालन कईल स्वच्छता अभियान मे पूर्णरुप मे सहजोग पुगेके उदेश्य से ई प्रतियोगिता के आयोजना कईल बतवनी ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे संघ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष सुबोध गुप्ता, महासचिव माधव राजपाल, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






