लागु औषध सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज १४ फागुन,

पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ५ प्रसौनी भाठा से आजु सँझिया ४ः१५ बजे सशस्त्र प्रहरी नेपाल बोर्डर आउट पोष्ट अमरपट्टी लागु औषध सहित एक जने के पकडले बा ।

प्रहरी नायब निरीक्षक अधिर कुमार झा नेतृत्व के पुलीस चेकजाँच करेके समय मे बहुते मात्रा मे लागु औषध सहित एक जने यूवक के पकडले बा । पकडाएवाला मे जिल्ला पर्सा जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं.३ जितपुर रहेवाला २६ बरीस के अनिल राउत थारु रहल बाडन ।

ना११प२६३७ नम्बर के मोटरसाइकल चेकजाँच करेके समय मे नोफिन ६०० थान, डाइजेल्यब १०० थान, फेनारगन ५९८ थान, डाइजोपाम ४१९ थान आ नाइट्रोभेट ३१ थान बरामद कइल जनावल गईल बा ।

बरामद कईल सामान अनुसन्धान के खातिर ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के बुझावल गईल सशस्त्र प्रहरी नेपाल बोर्डर आउट पोष्ट अमरपट्टी के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक अरुण बिक्रम बस्नेत बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।