बितल समय मे कईल प्रतिबद्धता पूरा करेम :- मुख्यमन्त्री भट्ट

डोटी, १ चईत,

सुदूरपश्चिम प्रदेश के मुख्यमन्त्री त्रिलोचन भट्ट सुदूरपश्चिम प्रदेश मे रहल ऐतिहासिक, धार्मिक, पुरातात्विक तथा पर्यटकीय क्षेत्र के विकास करे खातिर प्रदेश सरकार उच्च प्रथमिकता देहल बतवले बानी ।

प्रसिद्ध शक्तिपीठ शैलेश्वरी मन्दिर क्षेत्र विकास समितिद्वारा निर्माण करे लागल आवासगृह के आजु शिलान्यास करत उ क्षेत्र के आउर विकास तथा विस्तार करे खातिर नीतिगत योजना के साथ उच्च प्रथामिकता देत जरुरी पईसा विनियोजन भी भईल जानकारी देहनी । प्रदेश सरकार के रु ३० लाख के लागत मे मन्दिर मे आवेवाला सन्त आ महन्त के खातिर उ आवासगृह निर्माण करे लागल बा ।

मुख्यमन्त्री भट्ट कहनी कि, “इहाँ के पर्यटकीय आ धार्मिक क्षेत्र के आउर प्रचारप्रसार कईल जरुरी रहल बा । एकरा से हजारो पर्यटक लियावल जा सकता । समग्र सुदूरपश्चिम के विकास होखेवाला भईला से हमनी इहाँ के धार्मिक तथा पर्यटकीय क्षेत्र के विकास के उच्च प्राथमिकता देहले बानी ।”

वितल समय मे कईल प्रतिबद्धता पूरा करे खातिर प्रदेश सरकार प्रतिबद्ध रहल उ जानकारी देहनी । “सुदूरपश्चिम भर के प्रमुख पर्यटकीयस्थल खप्तड के प्रवेशद्वार कहल शैलेश्वरी ह । खप्तड मे पर्यटक लियावे खातिर शैलेश्वरी क्षेत्र के विकास कईल जरुरी बा” कहके बतवनी ।

मुख्यमन्त्री भट्ट के समिति अभिनन्दन भी कईले रहे । शैलेश्वरी क्षेत्र के विकास तथा प्रवद्र्धन के खातिर महत्वपूर्ण योग्दान कईल कहत मुख्यमन्त्री भट्ट के अभिनन्दन कईल समिति के अध्यक्ष प्रेमशङ्कर भट्ट बतवनी ।

प्रदेश सरकार के सहजोग मे शैलेश्वरी मन्दिर मे उद्यान सहित के बहुउद्देश्यीय भवन निर्माण के काम भी इहे बरीस से सुरु होखेके मुख्यमन्त्री भट्ट के प्रमुख स्वकीय सचिव शिव ओली जानकारी देहनी । उनका मुताविक उ काम के खातिर प्रदेश सरकार कूल रु ८० लाख रकम विनियोजन कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।