कोरोना भाईरस के लेके वीरगंज कारागार मे उच्च सतर्कता

वीरगंज ०५ चईत,

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९)संक्रमण के जोखिम के मध्यनजर करत वीरगंज कारागार मे उच्च सतर्कता अपनावल गईल बा । बेसी भिडभाड होखेवाला कारागार मे कैदीबन्दी भेटघाट मे उच्च सतर्कता अपनावल गईल बा ।

तीन दिन से कारागार मे कैदीबन्दी भेट करे आवेवाला आफन्त साथीभाइ के स्वास्थ्य जाँच कईल जा रहल बा । भेट से पहिले इन्फ्रारेड थर्मो्मिटर मार्फत बोखार नापेके आ साबुन पानी से अनिवार्य धोवेके आ भेटघाट के समय मे दुनु जने मास्क अनिवार्य लगावे के नियम लगावल गईल बा ।

भारत सँगे के सिमानाका से डेढ किलोमिटर दुरी मे रहल कारागार संक्रमण के उच्च जोखिम बा । एक हजार कैदी बन्दी अटेवाला क्षमता के भईला पर भी कारागार मे ओकरा से बेसी राखल गईल बा ।
कारागार मे कैदी बन्दी भेट करे आवेवाला के संख्या बहुते होखेला । कोरोना भाइरस के संक्रमण के जोखिम के चलते एक दिन मे एक जने कैदी बन्दी के एक जने मात्र भेट करे देहल जा रहल कारागार कार्यालय जनवले बा ।

कारागार मे बुध के दिने १ हजार ३ सय ५ जने कैदी बन्दी बाडन । कारागार मे भारतीय कैदी बन्दी २ सय १५ जने बाडन । भारतीय कैदी बन्दी से भेट करके आवेवाला आफन्त से भी कोरोना संक्रमण के उच्च जोखिम रहला से विशेष सतर्कता अपनावल गईल कारागार प्रमुख श्रवण पोखरेल बतवनी ।

‘कारागार मे २ सय १५ जने भारतीय कैदी बन्दी बाडन । भारतीय आफन्त भेटघाट के खातिर आईल स्वभाविक ह ।’ कहत उ ‘भारत के अनेकन राज्य मे कोरोना भाईरस के संक्रमण देखल गईल बा । जोखिम ओनेसे बेसी देखल गईला से सर्तकता अपनावल गईल बा ।’

कैदीबन्दी भेट करे जाएवाला आदमी मे बोखार, सरदी खोकी लगायत कउनो किसिम के स्वास्थ्य समस्या ना भईल एकिन भईला के बाद मात्र कैदीबन्दी भेट करेके अनुमति देहल उ बतवनी ।

बजार मे मास्क के कमी होत जा रहल बा । माकिर कारागार मे कैदीबन्दीलोग मास्क बनाके बिक्री वितरण भी कर रहल बाडन । मास्क ना लेके आईल कैदी बन्दी के आफन्त कारागार मे २० रोपेया मे कपडा के मास्क किन सकत बाडन ।

बुध केक दिने कैदी बन्दी से बनावल ३० गो मास्क कारागार परिसर मे रहल समता स्कुल के ३० जने विद्यार्थी के वितरण कईल कारागार प्रमुख पोखरेल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।