जनता कर्फ्यू के असरः वीरगंज रक्सौल नाका सुनसान

वीरगंज ०९ चईत,
भारत सरकार से एतवार के दिने घोषणा कईल जनता कर्फयू के प्रत्यक्ष असर वीरगंज–रक्सौल नाका मे पडल बा ।
तेजी से बढत जा रहल कोरोना के संक्रमण से लडे खातिर भारतीय प्रधानमन्त्री नरेन्द्र मोदी एतवार के सबेरे ७ से रात के ९ बजे तक जनता कर्फ्यू के आह्वान कईले रहनी ।
जनता कर्फ्यू मे भारत रेल भी बन्द कईला के चलते रक्सौल वीरगंज नाका सुनसान भईल रहे । वीरगंज से भारत के रक्सौल ओरी जा रहल सवारीसाधन के भारतीय सुरक्षाकर्मी दशगजास्थित मितेरीपुल से फिर्ता कईल गईल बा । छिटपुट कुछ आदमीसब मात्र ओहोरदोहोर कईले बाडन ।
हरेक दिन हजारों आदमी आ सवारी साधन ओहोरदोहोर करेवाला वीरगंज नाका सबेरे से सुनसान रहल । सीमा क्षेत्र मे ठेला मे दोकान सञ्चालन करत आईल दशरथप्रसाद आवत जावत ना भईला के चलते व्यापार शून्य रहल बतवनी । “खुल्ला रहित त व्यापार होखित, गाडी घोडा चलल नइखे । ओहिसे व्यापार भी नइखे” कहके बतवनी ।
वीरगंज भन्सार आ एकीकृत भन्सार जाँच चौकी (आईसीपी भन्सार) करके दैनिक ६ सय से ८ सय तक मालबाहक सवारी नेपाल प्रवेश करेला । माकिर एतवार के दिने मालबहाक सवारी साधन आईल नइखे ।
वीरगंज भन्सार कार्यालय के सूचना अधिकारी विमल साह एतवार के सबेरे से रक्सौल ओरी क वीरगंज भन्सार नाका होत कउनो भी मालवाहक गाडी ना आईल जानकारी देहनी ।
नाका सुनसान भईला के बाद कोरोना भाइरस के संक्रमण आवे ना देवे खातिर वीरगंज नाका मे स्थापना कईल हेल्थ डेस्क आउर दिन से आजु व्यवस्थित देखल गईल रहे ।
पैदल, साइकल आ ईरिक्सा मे आवेवाला हेल्थ डेस्क के स्वास्थ्यकर्मी आ सुरक्षाकर्मी व्यक्तिगत विवरण लेके तापक्रम नाप के मात्र वीरगंज प्रवेश करे देहल गईल रहे ।
एतवार के दिन तक नाका होत १२ सय आदमी मात्र आईल बाडन । सामान्य अवस्था मे ३ से ४ हजार आदमीसब आवेलन कहके हेल्थ डेस्क मे खटल स्वास्थ्यकर्मी बतवले बाडन ।
वीरगंज नाका मे महानगरपालिका माघ से हि हेल्थ डेस्क स्थापना करके भारत से प्रवेश करेवाला आदमी के स्वास्थ्य परीक्षण के खातिर स्वास्थ्यकर्मी खटावल गईल रहे । हेल्थ डेस्क मे खटल सीमित स्वास्थ्यकर्मी भारत से प्रवेश करेवाला सभी के परीक्षण करे ना सकत रहलन । अधिकांश भारतीय बिनापरीक्षण नेपाल आवत रहलन ।
शनिचर से नेपाली सेना के चण्डीप्रसाद गण से २ गो थर्मल गनसहित सेना के जवानलोग भी हेल्थ डेस्क मे खटल बाडन । महानगरपालिका के स्वास्थ्यकर्मी सँगे सेना इन्फ्रारेड थर्मोमिटर से तापक्रम लेरहल बाडन । सशस्त्र पुलीस आ नेपाल पुलीस भी सहजोग कर रहल बाडन ।
आउर दिन से हेल्थ डेस्क मे चाप कम भईला से सभी के विवरण राख के स्क्रिनिङ कईल स्वास्थ्यकर्मी मिथिलेश यादव जानकारी देहनी । हेल्थ डेस्क मे महानगरपालिका ९ जने स्वास्थ्यकर्मी खटावल गईल बा ।






