प्रदेश नं २ सरकार गरिब आ मजदुर के खाना के व्यवस्था करी

जनकपुरधाम, १६ चईत,

प्रदेश नं २ सरकार ‘लकडाउन’ अवधिभर प्रदेशभर के गरिब आ तथा दैनिक ज्यालादारी मे खटेवाला मजदुर के खाना के व्यवस्था करेके जनावल गईल बा । मन्त्रिपरिषद् के आजु पुरा भईल बईठक से लकडाउन के चलते समस्या मे पडल गरिब आ मजदूर के जीवन रक्षा के खातिर प्रदेश सरकार के ओरी से भोजन के व्यवस्था करेके निर्णय कईल सरकार के प्रवक्ता एवं आन्तरिक मामिला तथा कानूनमन्त्री ज्ञानेन्द्रकुमार यादव जानकारी देहनी ।

एकर व्यवस्थापन के खातिर स्थानीय तह से समन्वय करके तत्काल के खातिर महानगर के रु २५ लाख, उपमहानगर के रु २० लाख, नगरपालिका के रु १५ लाख आ गाँवपालिका के रु १० लाख के दर से रकम पठावे के मन्त्रिपरिषद् निर्णय कईले बा ।
एकरा साथे स्थानीय तह के भी उहे मुताविक पईसा राखे खातिर निहोरा कररेके निर्णय कईल सरकार के प्रवक्ता एवं मन्त्री यादव बतवनी ।

उ काम के खातिर हरेक स्थानीय तह मे स्थानीय तह के जनप्रतिनिधि, अनेकन राजनीतिक दल के प्रतिनिधि, सुरक्षा निकाय के प्रतिनिधि, स्थानीय समाजसेवी संस्था सम्मलित सर्वपक्षीय समिति गठन करेके कार्यविधि बनावल बा । कोभिड–१९ के ईलाज मे खटेवाला चिकित्सक के जीवन बीमा के साथे शतप्रतिशत प्रोत्साहन भत्ता भी देवेके निर्णय भईल बा ।

एहितरे सरकार कोरोना रोकथाम के खातिर अभी तक कईल प्रयास आ आवेवाला दिन मे लेवेवाला नीति के बारे मे जानकारी करावे खातिर सर्वदलीय बईठक बईठल रहे ।

सर्वदलीय बईठक मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत सहित प्रदेश के मन्त्री, काँग्रेस संसदीय दल के नेता रामसरोज यादव, नेपाल कम्युष्टि पार्टी (नेकपा) के नेता शत्रुधन महतो, किशोरी साह कमल आ अनेकन मन्त्रालय के सचिव सहित के सहभागिता रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।