धनुषा मे मोटरसाइकल दुर्घटना, डाईबर के मृत्यु
धनुषा २१ चईत,
धनुषा के मिथिला नगरपालिका–६ मगरटोलस्थित सडक मे मोटरसाइकल दुर्घटना भईला पर एक जने के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे मोटरसाइकल चालक धनौजी गाँवपालिका–५ के २६ बरीस के अजयकुमार मण्डल रहल बाडन ।
मण्डल से चलावल प्रदेश २–०२–००२ प १६५७ नम्बर के मोटरसाइकल बियफे के रात अनियन्त्रित होके विद्युत के पोल मे ठोकईला पर दुर्घटना भईल रहे ।
दुर्घटना मे गम्भीर घायल भईल मण्डल के प्रादेशिक अस्पताल जनकपुर मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल पुलीस जानकारी देहले बा ।





