वनसुुरक्षा गस्तीटोली आ तस्करबीच गोली चलल
रौतहट, २४ चईत,
गुुजरा नगरपालिका–२ अञ्जुमन सामुदायिक वनक्षेत्र भितर वनसुरक्षा गस्तीटोली आ तस्कर समूहबीच एतवार के सँझिया दोहरो गोली हानाहान भईल बा ।
गोली चलला मे गस्तीटोली तीन राउण्ड आ तस्कर दुई राउण्ड गोली चलवले रहे ।
सेक्टर वन कार्यालय चोंचा के अधिकृत राजेशकुमार साह के मुताविक गोली हानाहान मे सुरक्षाटोली ओरी कउनो ना भईल आ तस्कर समूह भागला से नोक्सानी भईल÷ना भईल यकिन होखे सकल नइखे । उ समय मे तस्कर छोड के भागल एक थना भरुवा बन्दुक गस्ती टोली बरामद कईल अधिकृत साह जानकारी देहनी ।
अञ्जुमन सामुदायिक वन क्षेत्र भितर तस्कर समूह एक राउण्ड गोली प्रहार कईला के बाद चोंचा सेक्टर वन कार्यालय से खोजतलास मे बितल गस्तीटोली सँगे भिडन्त भईल जिल्ला वन कार्यालय रौतहट के प्रमुख विनोदकुमार सिंह बतवनी ।
लकडाउन के समय मे वन सुरक्षागस्ती टोली करिब १०० क्युुविफिट अवैध साल के काठ सहित तीन जने तस्कर के नियन्त्रण मे लेहल प्रमुख सिंह जानकारी देहनी । उलोग उपर जरुरी कानुनी कारवाही हो रहल डिभिजन वन कार्यालय रौतहट जनवले बा ।






