नेपाल भारत सिमाना मे सशस्त्र पुलीस के अस्थायी पोष्ट

रौतहट २५ चईत,
विश्वभर माहामारी के रूप मे फईल रहल कोरोना भाइरस नियन्त्रण एवं रोकथाम के खातिर रौतहट के भारत सँगे सीमा जुडल नाका मे सशस्त्र पुलीस अस्थायी पोष्ट स्थापना कईले बा । उ पोष्टसब मे खटल सुरक्षाकर्मी सीमा मे होखेवाला गतिविधि तथा आदमी के आवतजावत नियन्त्रण करेके जनावल गईल बा ।
रौतहट जिल्ला के भारत से जुडल ३२ किलोमिटर सीमा से होखेवाला आवतजावत के पूर्ण रूप मे नियन्त्रण करेके उदेश्ये से सशस्त्र प्रहरी बल ११ नम्बर गण रौतहट अनेकन नाकासब मे २४ घण्टा गस्ती सुरु कईले बा ।
मंगर से रौतहट के बौधिमाई नगरपालिका ७ छोटी भन्सार कार्यालय, ईशनाथ नगरपालिका ४ स्थित मावि मठिया के भवन, राजदेवी नगरपालिका ९ सामुदायीक भवन, गौर नगरपालिका २ महादेवपट्टी आ गौर नगरपालिका १ कानुपट्टी, ईशनाथ नगरपालिका ६ घिउरा क्रान्ती आधारभुत विद्यालय मे अस्थायी पोष्ट तइयार कईल सशस्त्र प्रहरी ११ नम्बर गण के एसपी रविनराज कर्णजीत जानकारी देहनी ।
भारत से नेपाल ओरी आदमी आवे सकेवाला भईला से नेपाल भारत सीमाना मे सशस्त्र पुलीस खटावल बतावल गईल बा ।






