कोभिड–१९ के चलते केहु के भुखे ना रहेके पडि: सांसद बस्नेत

भक्तपुर, ६ वैशाख

सांसद एवं पूर्वमन्त्री महेश बस्नेत कोभिड–१९ के चलते केहु अलपत्र पडला पर तत्काल खुद के सम्पर्क करे खातिर आह्वान कईले बानी ।

अलपत्र के भुखे होखे ना देवेके बतावत उ सरकार से कोरोना के सङ्क्रमण के रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर कईल लकडाउन के चलते केहु भी समस्या मे पडला पर खाए आ रहेके व्यवस्था करेके जानकारी देहनी ।

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली खाए आ रहेके समस्या के चलेत उपत्यका छोड के पैदल घर फिर्ता जाएवाला के सम्बन्धित प्रदेश सरकार तथा स्थानीय तह के समन्वय मे निश्चित गन्तव्य मे पुगावे खातिर निर्देशन भी देहल बतावत सांसद बस्नेत उपत्यका भितर समस्या मे पडललोग के खुद खबर करे खातिर आह्वान कइनी ।

उ कहनी कि, “प्रधानमन्त्री के जनभावना मुताविक निर्देशन आईल, अब प्रदेश आ स्थानीय सरकार मानवीय पक्ष देख के आपन क्षेत्र के बासिन्दा के घर फिर्ता करेके योजना बनाके अगाडि बढल जाँव, काठमाण्डु उपत्यका भितर आ भक्तपुर जिल्ला मे केहु अलपत्र बानी त सम्पर्क करीं, हमनी भुखे पडे ना देहल जाई ।”

इहाँ के स्थानीय तह सँगे के समन्वय तथा अनेकन सङ्घसंस्था के सहजोग मे राहत तथा सडक मानव के खाना के व्यवस्थापन होत आईल बा ।

उपत्यका छाड के अनेकन जिल्ला के नागरिक घर फिर्ता जाएके समय मे सूर्यविनायक नगरपालिका–८ के वार्ड अध्यक्ष किरण थापा के नेतृत्व मे आजु से पैदल यात्रु के खाना खियावल सुरु कईले बा ।

काठमाण्डु से पूर्व होके पैदल जाएवाला यात्रु के अरनिको राजमार्गखण्ड अन्तर्गत जगातीचोक मे सिपाडोल क्षेत्र परोपकार समाज खाना खियावे के व्यवस्था कईल उ जानकारी देहनी ।

वार्ड अध्यक्ष थापा कहनी कि, “चलके आईल पैदल यात्रु के पुलीस वृत्त जगाती अगाडि सडक मे रोक के खाना खियावे के आ सँझिया पुलीस के समन्वय मे अनेकन सवारी साधन मे राख के घर पठावे के व्यवस्था कईल गईल बा, अब हरेकदिन ई सडक मे केहु भुखे चलेके ना पडि ।”

मजदूर के राहत बाँटल गईल
एहितरे सूर्यविनायक–८ जगाती मे चाइनिज इँटा उत्पादन करत आईल भक्तपुर इँटा तथा टायल उद्योग प्रालि दैनिक ज्यालादारी मे काम करेवाला आपन मजदूर के आजु राहत बँटले बा ।

वार्ड अध्यक्ष थापा आ उहे उद्योग के अध्यक्ष केपी ताम्राकार ९२ जने मजदूर के राहतस्वरूप खाद्यान्न वितरण कईले बानी ।

मजदूर के प्रतिव्यक्ति चाउर १० किलो, दाल दु किलो, आलु एक धार्नी, नुन एक प्याकेट, तेल एक लिटर, मस्यौरा एक पाकेट के दर से राहत उपलब्ध करावल उद्योग के प्रबन्ध निर्देशक दुर्गा मल्ल जानकारी देहनी ।

सरकार लकडाउन जारी कईला के बाद इँटाभट्टा के आगी हि बुता के सभी मजदूर के छुटी देके उद्योग बन्द कईला पर भी ३५० जने कर्मचारी एवं मजदूर के छुटी समय मे भी ७५ प्रतिशत मासिक तलब उपलब्ध करावे के उद्योग निर्णय कईले बा ।

मासिक करिब रु ५० लाख तलब खियावत आईल उ इँटा उद्योग काम बन्द भईला पर भी कर्मचारी के तलब ना रोके के निर्देशक मल्ल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।