आउर ३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, संक्रमित के संख्या ४८ पुगल
काठमाण्डु ११ वैशाख
आउर दु जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या ४८ पुगल बा ।
उलोग मेसे ९ जने ठिक होके घर फिर्ता गईल बाडन । उदयपुर के ५५ बरीस के जनानी आ जनकपुर के १४ बरीस के किशोर मे संक्रमण देखल गईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
उदयपुर के संक्रमित त्रियुगा नगरपालिका–३ भुल्केकी बाडी । उ क्षेत्र मे अभी तक २५ जने मे संक्रमण देखल गईल बा । उलोग सभी के विराटनगरस्थित कोरोना कोराना विशेष (अस्थायी) अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।
भोजपुर के एक जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) पुष्टि भईल बा । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक २६ बरीस के पुरुष मे बियफे के दिने कोरोना पुष्टि भईल बा ।
कोरोना भाइरस आशंका मे पीसीआर आ आरडीटी विधि से ४३ हजार ७ सय २२ के नमुना परीक्षण कईल बा । बितल २४ घन्टा मे ३ हजार ३ सय ५ नयाँ नमुना परीक्षण कईल बा ।
सभी प्रदेश से आरडीटी परीक्षण होरहल बा । प्रदेश १ मे ३ हजार ५ सय ९२, प्रदेश २ मे ४ हजार ५ सय २९, बागमती मे ६ हजार १ सय ५५, गण्डकी मे ४ हजार ५सय ५५, प्रदेश ५ मे २ हजार ७ सय ५६, कर्णाली मे ४ हजार ७ सय ३५ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश मे ६ हजार ८ सय ३५ गो नमुना परीक्षण कईल बा ।






