महोत्तरी मे एके गाँव के ४ जने के रहस्यमय मृत्यु
जलेश्वर १७ वैशाख
महोत्तरी के भङ्गहा नगरपालिका–७ मे बितल दु दिन मे एके गाँव के चार जने के रहस्यमय मृत्यु भईला के बाद गाँव मे डर बढल बा ।
भङ्गहा नगरपालिका–७ मेघनाथ गोरहन्ना गाँव मे मंगर आ बुध के करके दु दिन मे चार जने के रहस्यमय मृत्यु भईला के बाद गाँव के लोग मे डर बढल वार्ड अध्यक्ष वासुदेव सिंह थारु बतवनी ।
उनका मुताविक एक के बाद दोसर करके स्थानीयवासी ४० बरीस के मोहन चौधरी, ५२ बरीस के नथुनी चमार, ५४ बरीस के लालबाबु सिंह आ ५२ बरीस के गङ्गाराम सदा के मृत्यु भईला के बाद अभी गाँव मे डर उत्पन्न भईल बा ।
वार्ड अध्यक्ष थारु चारु जने दारु पियल आ गाँव मे बहुते मात्रा मे दारु उत्पादन हो रहला से उलोग के जहरीला दारु पियला से मृत्यु भईल हो सकेके आशंका कईनी ।
ई सन्दर्भ मे महोत्तरी के प्रहरी उपरीक्षक श्यामकृष्ण अधिकारी उलोग के मृत्यु दु÷तीन दिन के अन्तराल मे भईल हमनी खबर मिलल माकिर लास परीक्षण ना करके उलोग के मृत्यु दारु पियला से भईल निष्कर्ष मे पुगे ना सकेके बतवनी ।
पुलीस उपरीक्षक अधिकारी घटना के जानकारी मिलला के बाद उ गाँव मे व्यापक प्रहरी परिचालन करके बुझे लगईला पर मृतक मेसे तीन जने के आफन्त दाहसंस्कार कईला पर भी मृतक लालबाबु सिंह के लास बुध के दिने पुलीस जरावे से पहिले हि नियन्त्रण मे लेहल तथा परीक्षण के खातिर अस्पताल मे पठावल बतवनी ।
एहितरे जहरीला दारु पियला से उलोग के मृत्यु भईल अड्कलबाजी हो रहल अवस्था मे पुलीस मृतक मेसे लालबाबु सिंह के घर से दारु बरामद कईले बा आ स्थानीय रामपुकार सिंह के घर मे दारु बनावेवाला भट्टी तथा दारु तइयार करे खातिर राखल ८०० लिटर कच्चा पदार्थ भी बरामद कईल प्रहरी उपरीक्षक अधिकारी बतवनी ।






