प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित के संख्या ७ हजार से बेसी

जनकपुरधाम १ भादो

प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित के संख्या ७ हजार से बेसी पुगल बा । प्रदेश मे पिछिलका २४ घण्टा मे २११ जने कोरोना संक्रमित थपईला सँगे संक्रमित के संख्या ७ हजार १ सय ७६ पुगल बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे सबसे बेसी बारा जिल्ला के १ सय ६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । पर्सा के २७, रौतहट के १९, धनुषा मे १७, सर्लाही के १८, महोत्तरी के १४, सप्तरी के ६ आ सिराहा के ४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश मे २ जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।

धनुषा के धनौजी गाँवपालिका ३ के ६५ बरीस के बुढ आ रौतहट के गौर नगरपालिका २ के ३२ बरीस के कोरोन संक्रमित युवक के मृत्यु भईल मन्त्रालय जनवले बा ।

एकरा सँगे प्रदेश मे कोरोना संक्रमण पुष्टि होके मृत्यु होखेवाला के संख्या ४७ पुगल बा । कोरोना संक्रमण से सब से बेसी पर्सा मे २१ जने के मृत्यु भईल बा ।

एहितरे धनुषा मे ९, बारा मे ६, सप्तरी आ रौतहट मे ३÷३ जने, सिराहा तथा महोत्तरी मे २÷२ जने आ सर्लाही मे १ जने के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल मन्त्रालय जानकारी देहले बा ।

सोमार तक प्रदेश मे ३ हजार ७ सय ४२ जने कोरोना संक्रमित ठिक होके डिस्जार्च भईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।