एक हप्ता पहिले डिस्चार्ज भईल २ संक्रमित सहित ११ जने के नारायणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल

वीरगंज २१ बैशाख

कोरोना के ईलाज के बाद ठिक भईल कहत नारायणी अस्पताल से डिस्चार्ज करके घर पठावल गईल कोरोना के संक्रमित मेसे २ जने के सहित आजु वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ३ के ३६ बरीस के पुरुष सहित वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ११ जने के ईलाज हो रहल बा ।

नारायणी अस्पताल से वैशाख १४ गते डिस्चार्ज कईल चार जने मेसे २ संक्रमीत के हप्ता दिन के बाद फेनु नारायणी अस्पताल मे लिया के भर्ना कईल गईल बा ।

डिस्चार्ज होके घर पठावल रौतहट के इशानाथ नगरपालिका ८ के १९ बरीस के किशोर के शनिचर के रात आ भारत उत्तर प्रदेश के ४१ बरीस के जमाती के आजु दिन के नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईल बा ।

रौतहट के अन्सारी आ एक भारतीय जमाती के अस्पताल मे लिया के भर्ना कईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डाक्टर मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

अस्पताल से डिस्चार्ज कईल दुनु के स्वास्थ्य मे कुछ समस्या देखल गईला के बाद आउर अनुसन्धान के खातिर अस्पताल मे लियावल गईल आ दुनु जने के स्वाब फेनु परीक्षण के खातिर काठमाण्डु के राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे पठावल गईल अस्पताल के चिकित्सक डा. उदय नारायण सिंह बतवनी ।

रौहतहट के अन्सारी के उनकर घर से आ भारत उत्तर प्रदेश के जमाती के वीरगंज २ छपकैया के यतिमखाना लगे के घर से आजु दिन के अस्पताल मे लियावल गईल बा ।

काठमाण्डु के राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला से अन्सारी आ तीन भारतीय जमाती करके ४ जने के तिसरका, चउथका आ पाँच वाँ (वैशाख ४, ८ आ १२ गते) पीसीआर परीक्षण के रिपोर्ट नेगेटिभ पठईला के बाद अस्पताल चारु जने के वैशाख १४ गते डिस्चार्ज करके पठावल गईल रहे ।

मकिर, शंका लाग के राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे फेनु क्रस चेक कईला पर उ चार जने मेसे २ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ देखल गईल रहे ।

ओकरा बाद अस्पताल के स्वास्थ्यकर्मी बितल बुध के दिने अन्सारी के घर मे पुग के उनकर स्वाब संकलन करके काठमाण्डु पठावल गईल रहे ।

भारत उत्तर प्रदेश के जमाती के स्वाब बैशाख १८ गते फेनु काठमाण्डु पठावल गईल रहे ।

अस्पताल श्रोत के मुताविक फेनु परीक्षण के खातिर काठमाण्डु पठावल गईल स्वाब के रिपोर्ट भी पोजेटिभ अईला के बाद अन्सारी आ एक भारतीय जमाति के फेनु नारायणी अस्पताल मे लिया के भर्ना कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।