ओरिया नदी के बाँध मे बालु के ढेही, सम्बन्धित निकाय मौन

मेघराज राय
जीराभवानी २५ बैशाख
देश लकडाउन मे भईला पर भी पर्सा जिल्ला मे जरुरी आयोजना के काम सुचारु बा ।
पर्सा के जीराभवानी गाँवपालीका वार्ड नम्बर १ महादेवपट्टी स्थित ओरिया नदी मे बाँध लगावे के काम अभी चल रहल बा ।
माकिर स्थानीयबासी के मुताविक नदी के बालु के मात्र प्रयोग कईल बतवले बाडन । बाँध मे माटी आ बालु प्रयोग होखेमे उ बाध मे निर्माण कम्पनी बालु मात्र प्रयोग कईल स्थानीय बासीलोग सिकाईत कईले बाडन ।
स्थानीयबासी के मुताविक बाँध मे बालु के मात्र प्रयोग भईल बतवले बाडन । बालु के मात्र ढेही जम्मा करके केहु के झोरा भर पईसा लेजाए ना देहेल जाई जदि काम कमशल होखी त ।
पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका के मुताविक पोर परार साल के बाढ घुसला से जीराभवानी गाँवपालिका नदि तथा बाध व्यवस्थापन के खातिर ओरीया खोला मे नदि व्यवस्थापन के खातिर योजना मार्फत ओम साई निर्माण सेवा के ३० लाख मे ठेक्का देहले बा ।
नदी से खेत बारी टोल बस्ती कटान से बँचावे खातिर आ नदी के पानी गाँव बस्ती मे घुसे ना देवे खातिर बाँध निर्माण करेके योजना रहल बा ।
बाँध कम्जोर भईला पर सिङ्गो महादेवपट्टी मे नोक्सानी पुगेवाला भईला से निर्माण के समय मे हि सचेत होखेके जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ के वार्ड अध्यक्ष शेखनुमान आजम के कहनाम रहल बा ।
लकडाउन के समय मे सरकार से महत्त्वपूर्ण काम के अनुमति देहले बा माकिर सम्बन्धित निकायसब काम के अनुगमन करे ना अईला पर कमसल सामान के प्रयोग कईल स्थानीयबासीलोग बतवले बाडन ।
कमजोर सामान के प्रयोग होखेवाला मे योजना के भी हाथ रहल वार्ड अध्यक्ष आजम आरोप लगवनी ।
योजना के मुताविक हाईट १२ फिट चौडाई ४ मिटर आ लम्बाई १३१ मिटर रहल आ बाध निर्माण कईला पर नदि मे मिलेवाला सामानसब के प्रयोग करेके सहमति कईले बाडन ।
माकिर सहमति मे बालु के मात्र प्रयोग करेके उल्लेख कईले नईखन ।
नदि किनार मे मिलेवाला डोमट आ माटी मिलावल बालु सामान तथा पथल जाली सहमति पत्र मे उल्लेख कईल बा ।
लम्हर समय से बाढ आ खहरे से जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ सिङ्गो वार्ड बँचावे खारित नदि व्यवस्थापन करे लागल बा ।
माकिर निर्माण कम्पनी कम्सल किसिम के सामान प्रयोग कईला पर पकडीटोल, महादेवपट्टी बलुवा टोल लगायत पुरे वार्ड हि जोखिम मे पडेके निश्चित होखी ।
लकडाउन के समय मे कमसल काम करेवाला निर्माण कम्पनी के स्थानीय हि खबरदारी कईल जरुरी देखल गईल बा ।
माकिर ई बिषय मे गाँवपालिका अध्यक्ष रामप्रीत महतो से बुझला पर अभी गाँवपालिका कार्यालय के कर्मचारी आ जनप्रतिनिधिलोग राहत वितरण मे लागल आ अभी गाँवपालिका मे कउनो योजना के काम सुचारु ना भईल गैर जिम्मेवारीपूर्ण प्रतिक्रिया देहनी ।





