वीरगंज में भारत के ८०वाँ स्वतंत्रता दिवस धूमधाम से मनावल गइल, विद्यार्थी सभ के प्रस्तुति रहल मुख्य आकर्षण

वीरगंज में भारत के ८०वाँ स्वतंत्रता दिवस धूमधाम से मनावल गइल, विद्यार्थी सभ के प्रस्तुति रहल मुख्य आकर्षण

वीरगंज ३० साउन 

भारत के महावाणिज्य दूतावास, वीरगंज के ओर से भारत के ८०वाँ स्वतंत्रता दिवस शनिचर के दिन विविध सांस्कृतिक आ देशभक्ति कार्यक्रम के साथ धूमधाम से मनावल गइल।

कार्यक्रम के शुरुआत ‘वंदे मातरम्’ के प्रस्तुति से भइल। ओकरा बाद वीरगंज खातिर भारतीय महावाणिज्यदूत देवी सहाय मीना राष्ट्रीय झंडा फहरवनी। झंडोत्तोलन के बाद उपस्थित लोग सामूहिक रूप से भारतीय राष्ट्रगान प्रस्तुत कइल। एह अवसर पर महावाणिज्यदूत मीना भारत के राष्ट्रपति के स्वतंत्रता दिवस संबंधी संबोधन उपस्थित लोग के बीच पढ़ के सुनवनी।

कार्यक्रम के संबोधित करत महावाणिज्यदूत मीना कहलन कि भारत के स्वतंत्रता दिवस देश के आजादी, राष्ट्रीय एकता, विविधता आ लोकतांत्रिक मूल्य के प्रति प्रतिबद्धता के अउरी मजबूत करे ला। उहाँ कहलन कि भारत आ नेपाल के बीच ऐतिहासिक, सांस्कृतिक आ जनस्तर पर रहल घनिष्ठ संबंध के अउरी मजबूत करे में अइसन कार्यक्रम के महत्वपूर्ण भूमिका बा।

उहाँ वीरगंज आ सीमावर्ती क्षेत्र के नागरिकन के बीच रहल आत्मीय संबंध के दुनु देश के मैत्रीपूर्ण संबंध के महत्वपूर्ण आधार बतवनी।

समारोह के मुख्य आकर्षण वीरगंज के विभिन्न विद्यालय के विद्यार्थी आ विशेष क्षमता वाला बालबालिका के सांस्कृतिक प्रस्तुति रहल। देशभक्ति गीत, नृत्य आ नाटक के माध्यम से भारत के सांस्कृतिक विविधता, राष्ट्रीय एकता आ देशप्रेम के भावना के सुन्दर ढंग से प्रस्तुत कइल गइल। विद्यार्थी आ बालबालिका के उत्कृष्ट प्रस्तुति पर दर्शक उत्साहपूर्वक ताली बजावत प्रशंसा कइलन।

महावाणिज्यदूत मीना सांस्कृतिक कार्यक्रममा सहभागी विद्यार्थी आ विशेष क्षमता वाला बालबालिका के प्रमाणपत्र प्रदान क के सम्मानित कइली आ उनका प्रतिभा के प्रशंसा कइली। साथही भारत सरकार के परराष्ट्र मन्त्रालय के ओर से आयोजित ‘भारत को जानिए’ प्रश्नोत्तरी के विजेता सभ के पुरस्कार प्रदान कइल गइल।

एही क्रम में भारत के महावाणिज्य दूतावास, वीरगंज के सहकार्य में विभिन्न विद्यालय में आयोजित चित्रकला प्रतियोगिता के विजेता सभ के प्रशंसापत्र भी प्रदान कइल गइल।

समारोह में पर्सा आ बारा के प्रहरी उपरीक्षक, BiCCI, NIFA, NYEF, NiCCI, पतञ्जली लगायत विभिन्न संघसंस्था के प्रतिनिधि, भारतीय समुदाय के सदस्य, भारत के मित्र आ समाज के प्रबुद्ध व्यक्तित्व सभ के उल्लेखनीय सहभागिता रहल। उहाँ सभ के उपस्थिति भारत आ नेपाल के बीच जनस्तर पर रहल घनिष्ठ सम्बन्ध, पारस्परिक सद्भाव आ सहकार्य के प्रतिबिम्बित कइल।

कार्यक्रम के सहजीकरण भारत के महावाणिज्य दूतावास, वीरगंज के कन्सुल मनीष दास कइनी। विभिन्न सांस्कृतिक आ देशभक्तिपूर्ण प्रस्तुति के साथ समारोह सौहार्दपूर्ण, उत्साहपूर्ण आ मैत्रीपूर्ण वातावरण में सम्पन्न भइल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।