बारा मे एके दिन २३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

बारा १२ जेठ
बारा जिल्ला के महागढीमाई नगरपालिका आ कलैया उपमहानगरपालिका मे एके दिन २३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय आजु प्रेस विज्ञप्ती जारी करत महागढीमाई नगरपालिका मे २१ आ कलैया उपमहानगरापालिका मे २ जने मे कोरोना संक्रमण भईल पुष्टि कईले बा ।
एकरा सँगे बारा मे संक्रमित के संख्या ३९ पुगल बा ।
मसे जारी कईल विज्ञप्ती मुताविक किटजन्य रोग अनुसन्धान तथा तालिम केन्द्र हेटौंडा मे कईल परीक्षण मे महागढीमाई के १८ से ५० बरीस तक के २१ पुरुष मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
एहितरे राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे कलैया उपमहानगरपालिका १ कोतवाली के २५ आ ३२ बरीस के पुरुष मे कोरोना मिलल बा ।
महागढीमाई नगरपालिका मे कोरोना पुष्टि भईल सभी पुरुष भारत से एक हप्ता पहिले मात्र नेपाल आईल रहलन ।
पचरौता नगरपालिका के बेलदारी नाका से नेपाल प्रवेश करेके समय मे उलोग के नियन्त्रण मे लेके महागढीमाई नगरपालिका बगवाईन माध्यमिक विद्यालय मे संचालन कईल क्वारेन्टाइन मे राखल गईल रहे ।
क्वारेन्टाइन मे रहल ४० जने मेसे ३० जने के स्वाब परीक्षण कईल आ उ मेसे २१ जने मे कोरोना पुष्टि भईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।
संक्रमित २३ जने के विवरण प्राप्त भईला के बाद उलोग के कलैया अस्पताल के क्वारेन्टाइन मे राखेके प्रजिअ पण्डित बतवनी ।
महागढीमाई नगरपालिका के प्रमुख उपेन्द्र यादव भारत से नेपाल प्रवेश कईल उलोग के स्वाब एक हप्ता पहिले संकलन करके परीक्षण के खातिर हेटौंडा पठावल जानकारी देहनी ।
यादव नेपाल प्रवेश करेके समय मे नाका से उलोग के नियन्त्रण मे लेके क्वारेन्टाइन मे राखल गईला से परिवार आ समुदाय तक जोखिम पुगे ना मिलेके बतवनी ।
उ क्वारेन्टाइन मे रहल आउर के भी अब तत्काल तत्काल परीक्षण कईल जरुरी रहल बतवनी ।
बगवाइन मे माध्यमिक विद्यालय के क्वारेन्टाइन मे आउर १० जने के परीक्षण होखेके बाँकी बा ।
उलोग सभी भारत से आईल रहलन ।
महागढीमाई नगरपालिका से संचालन कईल तीन क्वारेन्टाइन मे ५२ जने के राखल गईल रहे ।
एके दिने थपाईल २३ सहित बारा मे संक्रमित के संख्या ३९ पुगल बा ।
एकरा से पहिले जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे कार्यरत पाँच पुलीस, सिम्रौनगढ नगरपालिका मे सात, करैयामाई गाँवपालिका मे दु, जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका मे एक, विश्रामपुर गाँवपालिका मे एक जने मे कोरोना पुष्टि भईल रहे ।
संक्रमित मेसे जीतपुरसिमरा के एक आ सिम्रौनगढ के एक जने ईलाज के बाद घर फिर्ता गईल बाडन ।






