हत्या आरोपी ससुराली से पकडईलें

जनकपुरधाम १८ जेठ
दु बरीस पहिले एक आदमी के घेंटी रेत के हत्या करके फरार रहल आरोप मे सिरहा के एक आदमी के पुलीस ससुराली से पकडले बा ।
मिर्चेया नगरपालिका–१ रहेवाला २० बरीस के इन्दल कहेवाला रुपेश यादव के मिर्चेया नगरपालिका के सितापुरस्थित ससुराली से नियन्त्रण मे लेहल पुलीस जनवले बा ।
यादव बितल २०७४ साल कुवार २३ गते सिरहा के कर्जन्हा नगरपालिका १० निवासी ३६ बरीस के शशीभूषण प्रसाद साह के पिटपाट करत घेँट रेतके हत्या कईल पुलीस के कहनाम बा ।
हत्या करके फरार रहल उनका के ससुराली घर मे लुकाईल अवस्था मे प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय से संयुक्त रुप मे खटल टोली नियन्त्रण मे लेहल पुलीस जनवले बा ।
पकडाईल उनका के सिरहा जिल्ला अदालत मे पेस करेके सिरहा प्रहरी के प्रवक्ता विनोद घिमिरे जानकारी देहनी ।
साह के हत्या घटना मे संलग्न सोमन कहेवाला राम ईश्वर कापरी के सिरहा जिल्ला अदालत के २०७४ साल पुस २५ गते के आदेश से पूर्पक्ष के खातिर कारागार चलान कईले बा ।






