जनकपुर से पेस्तोल सहित एक जने पकडईलें

जनकपुधराम १९ जेठ

हथियार लेके खुल्ला रुप मे घुम रहल एक युवक जनकपुरधाम से पकडाईल बाडन ।

महोत्तरी के लोहारपट्टी नगरपालिका ८ रहेवाला २० बरीस के डिके कहेवाला एजिजुल राइन के जनकपुरधाम १७ स्थित तेतरिया से हथियार सहित पकडल गईल पुलीस जनवले बा ।

उनकर साथ से पेस्तोल एक थान, म्याग्जिन ३ थान आ गोली ५ राउण्ड बरामद कईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुरधाम जनवले बा ।

सादा पोसाक मे प्रदेश प्रहरी कार्यालय से खटल टोली पैदल चल रहल राइन के गतिविधि शंकास्पद देखल गईला के बाद चेकजाँच कईला पर हथियार बरामद भईल प्रदेश के प्रहरी प्रमुख डीआइजी धीरजप्रताप सिंह जानकारी देहनी ।

उनका के नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान सुरु कईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।