बारा मे आउर ७ जने मे संक्रमण पुष्टि, ७ जने के डिस्चार्ज के तइयारी

प्रभु यादव
बारा २१ जेठ
बारा जिल्ला के कोरोना संक्रमित सात जने डिस्चार्ज होईहन आ सात जने के कोरोना पोजेटिभ पुष्टि भईल बाडन ।
आदर्शकोतवाल गाँवपालिका के सात जने मे कोरोना पोजेटिभ पुष्टि भईल स्वास्थ्य सह ईन्चार्ज रामाकान्त साह जनकारी करावले बानी ।
वार्ड नम्वर ४ के दु जने १२ बरीस, २३ बरीस, वार्ड नम्वर ५ के दु जने २८ बरीस ३० बरीस, वार्ड नम्वर ८ के तीन जने १८, २० आ ३० बरीस के रहल साह जनकारी करावले बाडन ।
भारत मे काम करे के खातिर गईल आईल लोग के चिउटहा के रामचरित्र मावि के करेनटाइन मे राखल गईल रहल साह जनकारी करावले बाडन ।
जेष्ठ १४ गते करेन्टाइन मे रहल लोग ५४ जने के स्वाब संकलन कर के पेठावल मे से सात जने के पोजेटिभ रिपोट आईल बा । एक जने ३० बरीस के जनानी आ छव जने मर्दाना रहल सह ईन्चार्ज साह जनकारी करावले बानी ।
संक्रमित सात जने के छुटे करेन्टाइन मे राखल गईल बा जिल्ला से समन्वय कर के कलैया पेठावे के जनकारी करावले बाडन ।
निगेटीभ आईल ४५ जने के होम करेन्टाईन मे रहे के सल्लाह सुझाव देके पेठावे के तयारी कईल जारहल बा ।
१४ गते १९ जने मे आर डी टी चेक मे देखल गईल पोजेटीभ लोग के वियफे के दिन पिसिआर चेक करे के तयारी कईल जारहल बा साह जनकारी करावले बाडन ।
कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्बर ३ गंगापुर मे रहल शैक्षिक तालिम केन्द्र के आसुलेसन मे रहल कोरोना संक्रमित लोग मे सात जने मे निगेटीभ चेक आइल बा उलोग के डिस्चार्ज करे के तयारी कईल जारहल जनकारी भईल बा ।






