प्रदेश २ मे १०२ जने मे कोरोना पुष्टि : संक्रमित के संख्या ९६१ पुगल

वीरगंज २२ जेठ,
पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश २ मे १ सय २ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । सप्तरी मे १२ जने, धनुषा मे ६ जने, महोत्तरी आ सर्लाही मे ३÷३ जने, रौतहट मे ६५ जने, बारा मे १२ आ पर्सा मे १ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमितलोग बहुते जईसन भारत से आके क्वारेन्टाइन मे रहेवाला लोग रहल प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।
संख्या आउर बढ सकेवाला भईला से स्थानीयस्तर मे क्वारेन्टाइन आ आइसोलेसन के बन्दोबस्त करेके देखल गईल मन्त्रालय के सचिव डा. रामप्रसाद घिमिरेबतवनी ।
“निरन्तर कारोना संक्रमित के संख्या बढ रहल बा । भारत से आईल कैयन के स्वाब परीक्षण के परिणाम आवेके बाँकी बा आ कैयन के परीक्षण हि होखे नइखे सकल” कहत उ “वैदेशिक रोजगारी मे गईल नागरिक के स्वदेश लियावे के तइयारी हो रहल बा, उलोग के राखे खातिर पालिकासब मे आउर क्वारेन्टाइन के बन्दोबस्ती करेके पडि ।”
१ सय २२ जने ठिक भईलें
प्रदेश मे अभीतक १ सय २२ जने कोरोना संक्रमित ईलाज के बाद ठिक होके घर गईल बाडन । सप्तरी के १ जने, धनुषा के ४ जने, महोत्तरी के ३ जने, सर्लाही के १ जने, रौतहट के ३ जने, बारा के ९ जने, पर्सा के ९६ जने रहल बाडन ।
आउर जिल्ला घर होके ई प्रदेश मे बसोबास कर रहल नागरिक तथा भारतीय नागरिकलोग करके कुल ५ जने ईलाज के बाद ठिक होके घर गईल बाडन ।






