नागरिक्ता विधेयक बारा मे जरावल गईल, नेपाली काँग्रेस कईलख विरोध सभा

प्रभु यादव

बारा ७ असाढ

बारा के कलैया मे जनता समाजवादी पार्टी के नेता आ कर्याकर्ता लोग नागरिक्ता विधेयक के जरावले बाडन ।

पार्टी के बारा अध्यक्ष अजय पटेल के अगुवाई मे निकलल जुलुस नगर परिक्रमा कर के भरत चौक पर पुग के नागरिक्ता विधेयक लिखल जरावले बाडन । भरत चौक पर पटेल के अध्यक्षता मे विरोध सभा कईले रहलन ।

बारा निर्वाचन क्षेत्र नम्वर ३ के संसद रामबाबु यादव नागरिक्ता विधेयक परित कर के मधेश मे रहल लोग से अनिसाफी कईल गईल जनकारी देहनी ।
कार्जक्रम मे प्रदेश सदस्य पारस साह, केन्द्रीय सदस्य पिकी यादव जिल्ला प्रवक्ता अरूण सिह लगायत के सहभागी रहल रहलन ।

नेपाली काग्रेस बारा पार्टी कर्यालय रामजानकी मन्दिर से विरोध रयाली निकाल के नगर परिक्रमा कर के मुख्य चौक पर सभा कईले रहल ।

पार्टी सभापति जयचन्द्र चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल विरोध सभा मे पुर्व सभासद राधेचन्द्र यादव, कलैया उपमहानगरपालीका के मेयर राजेश राय यादव, महागढीमाई नगरपालीका के मेयर उपेन्द्र यादव, करैयामाई नगरपालीका के अध्यक्ष चौधरी उपाध्यक्ष चित्रलेखा चौधरी, महागढीमाई के उपमेयर तारा देवी कानु, महिला अधिकार कर्मी, वविता जयसवाल, पुर्व मन्त्री कलावती पासवान लगायत के नेता कार्यक्रर्ता लगायत के लोग विरोध सभा मे सहभागी रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।