बाढ से प्रदेश २ के ६९ परिवार विस्थापित, २ जने बेपत्ता

जनकपुरधाम ६ सावन
बाढ के चलते प्रदेश २ के अनेकन जिल्ला के ६९ परिवार विस्थापित भईल बाडन ।
सर्लाही सदरमुकाम मलंगवा नगरपालिका– ५ मे लखनदेही खोला मे बाढ बस्ती मे घुसला पर २७ परिवार विस्थापित भईल बाडन ।
सर्लाही के लालबन्दी नगरपालिका–४ स्थित जर्वा खोला के बाढ से १ घर, चक्रमटा गाँवपालिका– ५ ढेग्रा खोला १८ परिवार के विस्थापित कईले बा ।
रौतहट के गरुडा नगरपालिका ५ शिवनगरस्थित झाज खोला मे आईल पानी से २३ घर विस्थापित भईल प्रदेश प्रहरी प्रवक्ता मकेन्द्र मिश्र जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक घर मे पानी घुसला के बाद उलोग पडोसी के घर मे बईठल बाडन ।
कोशी नदी मे आईल बाढ से सप्तरी के हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका–७ आ ९ के १ सय ५० परिवार के घर मे पानी घुसल प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम जनवले बा ।
बाढ के चलते महोत्तरी आ सर्लाही मे १÷१ जने नदी मे दहा के वेपत्ता भईल बाडन ।
रौतहट के चाँदी नदी मे दहा के चन्द्रपुर नगरपालिका वार्ड नम्बर ३ निवासी ५० बरीस के सुकमानी थिङ बेपत्ता भईल बाडन ।
पौडी खेले गईल उनका के मंगर के सबेरे दहवईले रहे ।
एहितरे, महोत्तरी मे रातु नदी पार करे खोजला पर एक युवक दहा के बेपत्ता भईल बाडन ।
बेपत्ता होखेवाला मे महोत्तरी के भंगहा नगरपालिका ६ संग्रामपुर के ३५ बरीस के वीरेन्द्र कापर बाडन ।
साइकल सहित नदी पार करेके खोजला पर उ बेपत्ता भईल बाडन । बेपत्ता दुनु के खोजी हो रहल पुलीस जजनवले बा ।






