पर्सा के बहुदरमाई से ४५ किलो गाँजा बरामद

वीरगंज ११ सावन

पर्सा मे पुलीस ४५ किलो गाँजा बरामद कईले बा । बहुदरमाई नगरपालिका–९ धनिलाल साह कलवार के घर मे शनिचर के दिने छापा मार के पुलीस गाँजा बरामद कईले बा ।

एकरा से पहिले ६ गते पाँच किलो गाँजा सहित पकडाईल बहुदरमाई के ४५ बरीस के शम्भु साह कलवार आ २२ बरीस के अनिलकुमार कलवार के अनुसन्धान के समय मे आउर गाँजा बरामद भईल बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह के मुताविक एकरा से पहिले पकडाईल शम्भु आ अनिल के गाँव के लोग भगावे के प्रयास भी कईले रहलन ।

बाद मे जिल्ला से आउर सुरक्षा बल मँगाके उलोग के नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान करके शनिचर के दिने आउर गाँजा बरामद कईल उ बतवनी ।

पुलीस के मुताविक साह गाँजा के प्याकेट बनाके प्लाष्टिक के बोरा भितर राख के गहुँ राखेवाला ड्रम मे लुकाके राखल रहे ।

छापा मारे खातिर पुलीस टोली पुगे से पहिले हि धनिलाल फरार भइल रहलन ।

पुलीस एकरा से पहिले पकडाईल दु जने के भी धनिलाल आ उनकर बेटा भगावे के खोजल दाबी कईले बा । उनकर खोजी हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।