रिलायन्स सुगर मिल के अनुदान रकम ७७ लाख फ्रिज

प्रभु यादव

बारा ११ सावन

बारा जिल्ला के कलैया उपमहानगरपालीका २४ श्रीपुर मे रहल रिलायन्स सुगर एण्ड केमिकल्स प्रालि के उख किसान के अनुदान के रकम फ्रिज भईल बा ।

आर्थिक बरीस २०७५÷०७६ के सिजन मे मिल मे देहल उख के सरकार से देहल अनुदान के रकम ७७ लाख २८ हजार ४५ रोपेया फ्रिज भईल कोष तथा लेखा नियन्त्रक कार्यालय कलैया के नियमित प्रमुख पवन अधिकारी जानकारी करावले बानी ।

सुगर मिल श्रीपुर मे रहल ११ हजार पाच सय किसान मध्ये १० हजार पाच सय जने आपन उख के अनुदान लेवेला निवेदन देहले रहलन उ लोग के १७ करोड ७४ लाख ३४ हजार एक सय ५४ रोपेया भुक्तानी देहल गईल प्रमुख अधिकारी जनकारी करावले बानी ।

किसान के उख प्रति कुन्टल पाँच सय ३६ रोपेया ५६ पैसा मूल्य रहल जवना मे से चार सय ७१ रूपेया २८ पैसा मिल देहलक आ सरकार से ६५ रोपेया २८ पईसा देवे वाला अनुदान के रकम १८ करोड ५१ लाख ६३ हजार आईल रहल ।

बारा, पर्सा, रौतहट के किसान सब रिलायन्स सुगर मिल के उख देहले रहल ।

माघ महिना से अनुदान खातिर कोष तथा लेखा नियन्त्रक कार्यालय मे निवेदन देवे के सुचना कईल गईल रहल चईत ११ गते से पहिले करिब आठ हजार के संख्या मे निवेदन आईल रहे जवना के भुक्तानी देहल गईल रहे ।

लक डाउन लगला के वाद काम बन्द भईला पर कवनो काम ना भईल माकीर बन्दाबन्दी कुछ सधारण बनावला वाद मिल के निवेदन सकलन कर के पठावला पर पईसा भेजल गईल अधिकारी जनकारी करावले बानी ।

आर्थिक मसान्त के अन्त मे असार महिना के अन्त तक ना आईला वाद बाकी रहल रूपेया फिर्ता पठावल गईल अधिकारी जनकारी करावले बानी ।

फिर्ता गइल रोपेया सरकार से पुन्ह पठावला पर देवे सकल जाता उ निर्णय उपरका निकाय के रहल अधिकारी जनकारी करावले बानी ।

रिलायन्स सुगर मिल्स के कारखाना मनेजर विकास चौधरी किसान सब के घर घर पुग के सेन्टर मे रहल कर्मचारी निवेदन सकलन कईले रहल नादेहल किसान के अनुदान के पईसा फ्रिज भईल जनकारी देहनी ।

किसान के सुचना देवेला पत्रपत्रिका आ सेन्टर मे रहल कर्मचारी लोग देहल जनकारी करावेला कवनो कसर बाकी नारहल माकिर किसान लोग आपन अनुदान के पैसा लेवेला ना आईला वाद फ्रिज भईल चौधरी जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।