भारतीय नागरिक लुका के नेपाल अईला पर कोरोना फईलल ः मुख्यमन्त्री राउत

वीरगंज १३ सावन,

मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत वीरगंज आ राजविराज मे चोरालुका के नेपाल आईल भारतीय नागरिक के चलते कोरोना संक्रमण फईलल बतवले बानी ।

उ सीमा क्षेत्र मे कडाई करे खातिर सुरक्षा अधिकारी के निर्देशन देहल बतवनी ।

“खुल्ला सीमा के चलते झुण्ड झुण्ड भारतीय नागरिक आईल बाडन ।

उलोग से हि कोरोना संक्रमण फईलल बा” कहत उ “सीमा क्षेत्र मे कडाइ ना करके ना होखी, ओने से आदमी आवे देहला पर महामारी नियन्त्रण से बाहर जाई । सुरक्षा अधिकारी से ई विषय मे छलफल भइल बा ।”

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ मे आजु आयोजना कईल सर्वपक्षीय छलफल मे मुख्यमन्त्री राउत विषम परिस्थिति के सामना करे खातिर राजनीतिक दल एक होखेके बतवनी ।

महामारी नियन्त्रण संघीय सरकार के जिम्मेवारी ह कहके हमनी बईठल नइखी । सकेभर सहजोग कर रहल बानी ।

अभी एक दोसर के दोष लेके पार ना लागी” कहत मुख्यमन्त्री “वीरगंज मे तीन जने भारतीय जमाती मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद जउन किसिम से व्यवस्थापन भईल । अभी होईसे हि काम होखेके पडल । ओकरा खातिर इहाँ के राजनीतिक दल एक होखेके पडि ।”

नारायणी अस्पताल केन्द्र सरकार के मातहत भईला पर भी मलेकुलर ल्याब स्थापना के खातिर ५० लाख, खाना के खातिर २५ लाख आ लाखो रोपेया के आउर सामान प्रदेश सरकार से सहजोग कईल उ बतवनी ।

वीरगंज मे कोभिड अस्पताल स्थापना के खातिर जगहा छनौट कईला के बाद प्रदेश सरकार सकेभर आर्थिक सहजोग देवेके उ वाचा कइनी ।

सामाजिक विकास मन्त्री नवल किशोर साह नागरिक के जीवन रक्षा के खातिर जरुरी काम के खातिर मन्त्रालय पछाडि ना हटेके बतवनी ।

छलफल मे सहभागी आउर वीरगंज मे कम्ती मे ५ सय बेड के कोरोना अस्पताल जरुरी रहल बतवनी ।

वीरगंज के स्थिति बिगडत गईला से इहाँ के बासिन्दा के बँचावे खातिर कोरोना अस्पताल तत्काल बनेके उलोग के बिचार बा ।

एहितरे पीसीआर परीक्षण के दायरा बढावेके, चिकित्सक स्वास्थ्यकर्मी के मनोबल उच्च बनावेके, समन्वय आ सहकार्य करेके भी वीरगंजबासी माग कईले बाडन ।

सांसद प्रदीप यादव वीरगंज के खातिर १० थान भेन्टिलेटर के तत्काल प्रबन्ध करेके, प्राइभेट अस्पताल मे काम करेवाला चिकित्सक के भी कोरोना संक्रमित के ईलाज मे खटावेके, प्रमुख जिल्ला अधिकारी महामारी नियन्त्रण तथा रोकथाम के खातिर पुरा अधिकार प्रयोग करेके बिचार रखनी ।

नेपाली कांग्रेस के पर्सा सभापति अजय द्विवेदी वीरगंज चार महिना पहिले के अवस्था मे फिर्ता भईल बतवनी ।

वीरगंज के बँचावे खातिर तत्काल काम करेके अवस्था रहल उनकर तर्क बा ।

संघीय समाजवादी पार्टी के नेता रामनरेश यादव वीरगंज मे सरोकारवालाबीच समन्वय आ सहकार्य के कमी देखल गईल बतवनी ।

छलफल मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की, नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डा मदन उपाध्याय, डा. निरज सिंह लगायत वीरगंज के समस्या आ समाधान के उपाय के बारे मे बिचार रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।