वार्ड विकास सुधार समिति बुझावलख ज्ञापन पत्र

प्रभु यादव

बारा १५ सावन

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १६ मे वडा विकास सुधार समिति ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

वार्ड अध्यक्ष शेषनाथ साह तीन वरीस मे तीन दिन भि पूरा काम जनता के ना कईलख ज्ञापन पत्र मे जनावले बा ।

वार्ड कार्यालय मे ना बईठे के आ देवे वाला सेवा आपन खुशी मे करहल ज्ञापन पत्र मे सिकायत कईल गईल बा ।

११ बन्दे ज्ञापन पत्र मे वार्ड कार्यालय मे जनप्रतिनिधि अनुपस्थित रहे के, वार्ड कार्यालय के योजना, नगर स्तरीय, प्रदेश अस्तरीय आ संसद के योजना सब प्रदारिर्शता ना भईल ज्ञापन पत्र मे जनावल गईल बा ।

वार्ड स्तरीय योजना का बनल बा जवना के जनकारी जनता के ना भईल, शैक्षिक संस्था मे पढाइ के स्तर घटगईल, किसान के खातिर कृषि कार्जक्रम ना भईल, बेरोजगार सरोजगार के व्यक्ति के नाम शुचि प्रदारशिता ना भईल आ ओडिएफ भईल ठाव के प्रथामिक्ता ना देहल गईल सिकायत करत ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

वार्ड कार्यालय मे ज्ञापन बुझावे पुगल लोग वार्ड अध्यक्ष आ वार्ड सचिव ना भईला पर कार्यालय मे काम करेवाला पाविधिक के बुझावे के परल वाड विकास सुधार समिति के अगुवा अनिल कुमार कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

ज्ञापन पत्र के बोधार्थ जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी रूद्र प्रसाद पाण्डे के आ कलैया उपमहानगरपालीका के मेयर राजेश राय यादव के बुझावल गईल कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

ज्ञापन पत्र बुझावे वडा विकास सुधार समिति के अगुवाई कईल कुशवाहा के साथे विनोद कुमार यादव, कलामोदिन अंसारी, जितेन्द्र कुमार यादव, धनेश्वर कुमार राम, राजकिशोर कुशवाहा, ज्ञान प्रकाश ठाकुर, चन्दन राम, पवन कुमार कुशवाहा, प्रवेश कुमार कुशवाहा, बृजकिशोर ठाकुर, अजय कुमार राम, रविरन्जन कुमार राम, रविन्द्र कुमार राम, अरविन्द कुमार राम, जेनिश मेहरा, हरिओम कुशवाहा, बैजनाथ राम, राजन कुशवाहा, गमिरा भगत राम आ शली कुमार राम सहभागी रहल रहलन ।

ज्ञापन पत्र के सम्बन्ध मे वार्ड अध्यक्ष शेषनाथ साह से जनकारी लेहला पर वार्ड कार्यालय मे आईल लोग के योजना के सम्बन्ध मे जनकारी भईल रहेला जनकारी करावले बानी ।

जवना जगह मे काम होरहल बा उ जगह के जनता के राख के उपभोक्ता समिति बना के काम कईल जाला साह जनकारी करावले बानी ।

कार्यालय मे काम भईल समय मे जा के काम कर देवनी आ जनता के जवना समय मे काम पडेला ओ समय मे पुग के काम करत आरहल बानी अध्यक्ष साह कहनी ।

ओडिएफ भईल जगह मे जनता आपने सचेतभईल बा आ हमनी जनता के प्रतिनिधि भईला से जनता के रगेदे के काम ना होसकत बा अध्यक्ष साह जिकिर कईनी ।

ज्ञापन पत्र देके आपन जनता लोग ध्यनआकर्षण करावले बा लोग उलोग के आवेवाला हप्ता मे वार्ड कार्यालय मे बोला के उलोग के रहल जिज्ञासा के पूरा करे के आ जानकरी लेवेवाला योजना के प्रष्ट पारे के साह जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।