बारा के गंगापुर आइसोलेशन मे उचित सेवा प्रवाह नइखे होत : इन्सेक

प्रभु यादव

बारा २६ सावन

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ३ गंगापुर मे रहल आइसोलेशन मे रहल नोवेल कोरोना (कोभिड–१९) रोग संक्रमित भईल मरेजीलोग के उचित सेवा प्रवाह ना भईल मिलल अनौपचारिक सेवा केन्द्र (इन्सेक) बारा जनवले बा ।

इन्सेक के बारा जिल्ला प्रतिनिधि भोलानाथ पौडेल आजु एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी करत कलैया अस्पताल अन्तर्गत के कोभिड अस्पताल संक्रामक रोग ऐन २०२० के दफा २ के उपदफा ३ के मर्म मुताविक सेवा प्रवाह ना कईल जनवले बा ।

आइसोलेशन कक्ष मे पर्याप्त मात्रा मे पानी ना रहल, प्रयोग कईल भाडासब बढिया से सफा ना भईल, स्नानघर तथा सिपटी सफा ना रहल, हाथ धोवेवाला बेसिनफुहर भईल, झोल तथा पोषणयुक्त खाना ना देहल सिकाईत कईल गईल बा ।

केवारी, टेबुल लगायत के सामानसब मे डिस्इन्फेक्टेण्ट प्रयोग ना कईल आ एक गिलास धिकल पानी के भी व्यवस्था ना भईल विषय मे अस्पताल प्रशासन आ स्थानीय प्रशासन के ध्यानाकर्षण करावेके चाहल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।

नेपाल सरकार स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय के निर्देशिका मुताविक मरेजी के ईलाज, स्वच्छ खाना, सफा धिकल आ ठण्डा पानी, सफा सिपटी आ पङ्खा लगायत के तुरून्त व्यवस्था करे खातिर कलैया अस्पताल प्रशासन, जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ प्रदेश सरकारसे माग कईल बारा प्रतिनिधि पौडेल बतवले बानी ।

विज्ञप्ति मे आइसोलेशन कक्ष मे बढिया व्यवस्थापन करके मरेजीलोग के जरुरी आधारभूत मानवअधिकार के पालना करे करावे खातिर सभी मे निहोरा कईल उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।