वीरगंज मे कोरोना अस्पताल से डिस्चार्ज भईला के बाद एक जने के मृत्यु

वीरगंज ३२ सावन
कोरोना संक्रमणमुक्त होके कोभिड अस्पताल से डिस्चार्ज भईला के कुछ घण्टा के बाद वीरगंज मे एक जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–१३ शिवनगर के ५६ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।
नारायणी कोभिड विशेष अस्थायी अस्पताल वीरगंज हेल्थकेयर से शनिचर के रात उ कोरोना संक्रमणमुक्त होके डिस्चार्ज भईल रहलन ।
नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल पिछिलका कोरोना परीक्षण के रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद उनका के डिस्चार्ज कईल रहे ।
सावन १९ गते नारायणी अस्ताल के प्रयोगशाला मे कईल पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ अईला के बाद उनका के ईलाज के खातिर वीरगंज हेल्थकेयर मे भर्ना कईल रहे ।
पेटझरी भईल आ अक्सिजन के मात्रा भी कम भईला से डिस्चार्ज के समय मे हि चिकित्सक उनका के आउर ईलाज के खातिर दोसर अस्पताल मे भर्ना करे खातिर सुझाव देहले रहलन ।
ओकरा बाद उनकर आफन्त उनका के नारायणी वयोधा अस्पताल के आईसीयू मे भर्ना कईले रहलन । ईलाज के समय मे शनिचर के रात हि साढे ११ बजे मृत्यु भईल अस्पताल प्रशासन जनवले बा ।
मृतक के लास आफन्त लिया के हिन्दु धार्मिक परम्परा मुताविक दाहसंस्कार कईले बाडन । मृतक के जेठ बेटा मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उ अभी होटल रानीपोखरी होटल आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल बाडन ।
छोट बेटा बाबु के दागबत्ति देहले रहलन । मृतक के मेहरारु आ दोसर बेटा के भी पीसीआर परीक्षण के खातिर स्वाब नमुना संकलन करके प्रयोगशाला मे पठावल गईल बा ।






