अनेकन माग राखत वीरगंज निजि अस्पताल के डाक्टरद्धारा सामुहिक राजीनामा देवेके चेतावनी

वीरगंज ०८ भादो
वीरगंज के निजि अस्पतालसब मे कार्यरत एमविविएस डाक्टरलोग माग सोमार के सँझिया तक सम्बोधन ना कईला पर मंगर के दिने सामुहिक राजीनामा देवेके चेतावनी देहले बाडन ।
निजी अस्पताल मे कार्यरत १ सय ५० जने एमबिबिएस डाक्टरलोग अनेकन ५ बुँदे माग सम्बोधन के खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय, नेपाल चिकित्सक संघ, एशोसियसन अफ प्राइभेट हस्पिटल इन्स्चिुसन अफ नेपाल आ खुद कार्यरत अस्पताल मे भादो १ गते ७ दिने अल्टिमेटम देहले बाडन ।
न्युनतम ६५ हजार तलब देवेके, २५ लाख बराबर के स्वास्थ्य तथा जीवन बिमा करेके, अस्पताल मे काम कईला पर क्वारेन्टाइन मे अस्पताल से हि सुविधा देवेके, विश्व स्वास्थ्य संगठन के निर्देशन मुताविक व्यक्तिगत सुरक्षा सामान उपलब्ध करावेके आ कार्यअवधि मे कोरोना संक्रमण भईला पर अस्पताल से निःशुल्क ईलाज करेके उलोग के माग रहल बा ।
माकिर ७ दिन के अल्टिमेटम बितला पर भी खुदसब के माग सम्बोधन के खातिर सरोकारवाला कउनो भी निकाय वार्ता के खातिर भी ना बोलईला से मंगर के दिने सामुहिक राजीनामा देवेके तइयारी मे रहल मेडिकल अफिसर एसोसियसन अफ वीरगज के उपाध्यक्ष डाक्टर विवेक यादव बतवनी ।
उ डाक्टरलोग खुद कार्यरत अस्पताल प्रशासन के राजीनामा पत्र बुझावे के जानकारी भी देहलें ।
‘७ दिन के अल्टिमेटम ओराईल, अभी तक हमनी के संवाद आ छलफल के खातिर बोलावल नइखे’, कहत उ, ‘सोमार के सँझिया तक ईन्तजार करेम, जदि हमनी के माग पुरा ना कईला पर मंगर से सभी जने सामुहिक राजीनामा देहेम ।’
कोरोना के महामारी भईला से राजीनामा देहला पर भी अस्पताल मे खुदसब बिना हाजिरी आ सबेरे तलब सुविधा काम करेके उपाध्यक्ष यादव बतवनी ।
विश्वभर फईलल कोरोना भाइरस के महामारी के समय मे अग्रपंक्ति मे रहके कार्यरत डाक्टरलोग के माग उपर सरोकारवाला उदासिन बनला पर खुदसब सामुहिक राजिनामा देवेमे बाध्य भईल डाक्टर तेजनेथ तिवारी बतवनी ।
कोरोना महामारी मे नीजी अस्पताल ईलाज शुल्क बृद्ध कईल माकिर खुदसब मासिक २४ हजार रोपोय के तलब मे काम करेमे बाध्य भईल सिकाईत उ कईनी ।
‘कोभिड सुरु भईला के बाद प्राइभेट हस्पिटल आइसियु के शुल्क २५ सय से बढाके ५ हजार कईले बाडन, माकिर हमनी २४ हजार के महिना मे काम कर रहल बानी’, डाक्टर तिवारी कहनी कि, ‘पीपीईसेट भी धोके प्रयोग करेके बाध्यता बा, ना हमनी के बीमा कईल बा, ना कोभिड के जोखिम भत्ता सुविधा बा ।’
एशोसियसन अफ प्राइभेट हस्पिटल इन्स्चिुसन अफ नेपाल प्रदेश २ के अध्यक्ष रामराज श्रेष्ठ डाक्टरलोग के अधिकांश माग जायज भईल बतवनी ।
माकिर अधिकाशं अस्पताल के सन्चालक कोरोना के चलते होम आइसोलेसन मे रहल बाध्यता से डाक्टरलोग सँगे छलफल आ वार्ता करे ना सकल उ बतवनी ।
कोरोना के महामारी मे आपन माग पुरा ना भईल कहके बहाना मे राजीनामा देके जिम्मेवारी से भागेके काम उचित ना भईल श्रेष्ठ के कहनाम बा ।
कहत उ, ‘सन्चालकलोग होम आइशोलेसन से निकलला के बाद हमनी डाक्टरलोग से छलफल आ संवाद करके समस्या समधान करे खातिर तइयार बानी, माकिर अभी के महामारी काम छोडके भागेके बात उचिन नइखे ।






