साधु के हत्यारा के नेता आ प्रशासन के सरक्षंण, हमनी भण्डाफोर करेम : हिन्दू परिषद नेपाल

वीरगंज ११ भादो
गृह मन्त्रालय से जारी कईल गोप्य पत्र अभी चर्चा के बिषय बनल बा । रौतहट जिल्ला के माधवनारायण नगरपालिका बार्ड नं. २ खेसरहिया मे २०७७ भादो ३ गते रात हनुमान मन्दिर के पुजारी श्रीराम साह तेली के गोली मारके हत्या भईल आजु ८ दिन बितला पर भी दोषी पता लागल नइखे ।
दोषी के पकडके कारवाही करेके जगहा मे उलटे साधु हत्या के बारे मे बोलेवाला भा आवाज उठावेवाला संघ÷संस्था के कारवाही करेके गृह मन्त्रालय के धम्की पूर्ण पत्र उपर आजु हिन्दू परिषद नेपाल के केन्द्रिय अध्यक्ष संतोष पटेल एक प्रेस विज्ञप्ति जारी करके कड़ा विरोध जनवले बानी ।
नेपाल मे होखेवाला हिन्दू बिरोधी तत्व के कहीं गृहमन्त्री भा गृह प्रशासन से हि संरक्षण हो रहल हमनी महसूश कईले बानी । “जे रक्षक उहे भक्षक” भईला पर न्याय कहाँ मिली कहके जनता से सवाल कर रहल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
विज्ञप्ति मे नेपाल पुलीस प्रमुख एवं प्रमुख जिल्ला अधिकारीलोग के गृहमन्त्रालय के शाखा अधिकृत प्रतीक राई से जारी कईल गोप्य सर्कुलर से बहुते बात स्पष्ट बुझल जा सकता कि गृहमन्त्री रामबहादुर थापा(बादल) हिन्दुधर्म के सखाप करेके आ आवेवाला जनगणना मे हिन्दु के संख्या घटाके धर्मान्तरण बढावे लागल बाडन कहके शंक जनमल बा । कहि गृह मंत्रालय उपर ईसाईकरण आ इस्लामिककारण त हाबी भईल नइखे ।
देश मे जबरजस्ती धर्म परिवर्तन, गौ हत्या आ तस्करी, मठ–मन्दिर उपर आक्रमण, साधु–संत के हत्या आ दुव्र्यवहार, सनातन धर्म उपर नेतालोग के गलत बोली ओरी काहे ध्यान देहले नइखे गृहमंत्रालय कहके उल्लेख बा ।
वर्तमान सरकार हिन्दू समाज उपर पूर्वाग्रही भईल हमनी के महसूस भईल कहत अध्यक्ष पटेल पूज्य संत के हत्यारा के कारवाही होखो आ आवेवाला दिन मे कउनो अप्रिय घटना ना होखो कहके सरोकरवालालोग के ध्यानआकर्षक करवले बानी ।






