केराव आ मरिच के आयात फुकुवा

काठमाण्डु १५ भादो
सरकार वीरगंज स्थित सिर्सिया सुख्खा बन्दरगह मे रोकल केराव आ मरिच के आयात फुकुवा कईले बा ।
सोमार के दिने बईठल मन्त्रिपरिषद् बईठक से अईसन निर्णय कईल सरकार के प्रवक्ता एवम् सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री डा.युवराज खतिवडा जानकारी देहनी ।
चईत १६ अगाडि हि सिपिङ भईल केराव आ मरिच फिर्ता पठावे भी ना सकल आ लम्हर समय भन्सार यार्ड मे रोकला पर बिगडेके खतरा भईला से आयात अनुमति देहल प्रवक्ता खतिवडा जानकारी देहनी ।
डकुमेन्ट अगेन्स्ट पेमेन्ट (डीएपी) प्रक्रियाद्धारा आयात भईल ६ सय कन्टेनर केराव सुख्खा बन्दरगाहा मे रुकल रहे ।
भन्सार मे आईल ४८ कन्टेनर मरिच मेसे ४७ कन्टेनर भियातनाम फिर्ता भइल बा ।






