युवा नेता राजुदिन बाबु सरसफाईकर्मीलोग के कईनी सहजोग

वीरगंज ०३ कुवार,
बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ८ अन्तर्गत रहल सरसफाई कामदार पुरुष आ जनानीलोग के कपडा सहजोग कईले बानी ।
वार्ड के सफा सुथर राखेमे दिन रात खटेवाला लोग के जनता समाजवादी पार्टी के युवा नेता राजुदिन बाबु उलोग के खाद्यान्न आ आउर सामान भी सहजोग कईले बानी ।
आजु आपन निवास से हि सरसफाईकर्मीलोग के बोला के उ सहजोग कईले बानी ।
सुरेन्द्र राउत डोम, रामचन्द्र राउत डोम, तिलक राउत डोम लक्ष्मी देवी डोमिन प्रमिला डिमिन लगायत के कपडा देहले रहनी ।
जउना मे बीरगंज महानगरपालिका के सरसफाई के नासु सरफुदिन हवारी आ सुरेन्द्र राउत नाईके के विशेष उपस्थिति रहल रहे ।
उ कार्जक्रम मे शिवशंकर, जुमाई मिया, ललन चौरसिया, राजादिन बाबु, सोनु हवारी, बीरग बहादुर पटेल, असीन हवारी, हसन राजा, मारुफ राजा, मंजुर हवारी, गुलाम मुस्तफा, रफिक हवारी, अनवर हवारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





