प्रदेश २ मे किनल पीसीआर मेसिन मे भ्रष्टाचार

जनकपुरधाम १४ कुवार,
कोरोना भाइरस संक्रमण नियन्त्रण, रोकथाम तथा व्यवस्थापन के खातिर महँगा मे स्वास्थ्य सामान किन के अनियमितता कईल मिलल बा ।
सप्तरी के राजविराज, धनुषा के जनकपुर आ रौतहट के गौर मे कोरोना परीक्षण के खातिर ‘रियल टाइम’ पीसीआर मेसिनसहित अनेकन १४ थान उपकरण खरिद मे करोडो के भ्रष्टाचार भईल मिलल बा ।
प्रदेश २ सामाजिक विकास मन्त्रालय प्रदेश स्वास्थ्य आपूर्ति व्यवस्थापन केन्द्रमार्फत आरडीटी–पीसीआर सँगे सम्बन्धित उपकरण खरिद मे बजार दाम से बेसी २ करोड ८२ लाख १६ हजार १ सय रोपेया मे किनल गईल बा ।
माकिर, उहे मेसिन आ उपकरण २ करोड ६९ लाख ९५ हजार ७ सय रोपेया मे उपलब्ध करावे खातिर तइयार फर्म के बोलपत्र रद्द कईल बा । खरिद प्रतिस्पर्धा मे सहभागी भईल फर्म मेसे सस्ता मे देवेवाला से ना किन के महँगा दर रेट मे खरिद करके करोडो भ्रष्टाचार कईल मिलल बा ।
पीसीआर परीक्षण मे प्रयोग होखेवाला १४ सामान सहित के उपकरण सरकार २ करोड ४९ लाख ७० हजार रोपेया मे किनले बा । जउना मे ३२ लाख ४६ हजार १ सय रोपेया भ्याट सहित जोड के पूरे लागत २ करोड ८२ लाख १६ हजार १ सय रोपेया पडल बा ।
माकिर, उल्लेखित सभी सामान राइन कुल २ करोड ६९ लाख ९५ हजार ७ सय रोपेया मे उपलब्ध करावे खातिर प्रस्ताव कईला पर भी उनकर बोलपत्र रद्द कईल बा ।
एहितरे, पिछिलका बेर रौतहट गौर मे जडान कईल पीसीआर मेसिन एन्ड एक्स्ट्र्याक्सन सहित के स्वास्थ्य सामान किनेमे भी कम दाम के कम्पनी के हटा के बेसी दाम पडेवाला कम्पनी से मेसिन किनल गईल बा ।
प्रदेश स्वास्थ्य आपूर्ति व्यवस्थापन केन्द्र जनकपुर करिब २१ लाख बेसी पडेवाला कम्पनी से सम्झौता करके मेसिन खरिद कईल मिलल बा ।
आपूर्ति व्यवस्थापन केन्द्र सावन २९ मे सार्वजनिक खरिद ऐन, २०६३ के दफा ६६ आ सार्वजनिक खरिद नियन्त्रण २०६४ के नियम १४५ बमोजिम विशेष परिस्थिति मे खरिद होखेके सम्बन्धी व्यवस्था मुताविक औजार उपकरण खरिद के खातिर सात दिने सूचना प्रकाशन कईले रहे ।
उ सूचना मुताविक पीसीआर (रियल टाइम मेसिन) आ एक्स्ट्र्याक्सन प्याकेज–१ मे तीन गो फर्म के बोलपत्र मेसे सबसे बेसी रोपेया प्रस्ताव कईल कम्पनी से खरिद करके सबसे कम रोपेया प्रस्ताव कईल कम्पनी के बोलपत्र रद्द कईल बा ।
दु बेर बोलपत्र आह्वान करके किनल गईल तीन पीसीआर मेसिन मे दुनु बेर कम दाम प्रस्ताव कईल कम्पनी के हटावत बेसी दाम पडेवाला कम्पनी से सम्झौता के मुख्य कारण फर्म के जरुरी कागजात पूरा ना भईल आ प्राविधिक रूप मे मूल्यांकन समिति छनोट ना कईल सूचना अधिकारी श्रवण नायक बतवनी ।
‘विश्व स्वास्थ्य संगठन के मान्यता मुताविक यूएसएफडीए होखेवाला जगहा मे आउर कम्पनी के एफडीए मात्र भईला से बेसी दाम भईला पर भी मापदण्ड पूरा करके किनल गईल बा’, कहत उ, ‘प्राविधिक रूप मे बढिया आ उच्चस्तरीय मेसिन खरिद कईला पर दाम से उपयुक्तता बेसी महत्त्वपूर्ण होखी, ओहिसे भी सभी बोलपत्र से एगो मात्र स्वीकृत भईल ।
प्रदेश स्वास्थ्य आपूर्ति व्यवस्थापन केन्द्र निर्देशक डा. प्रमोदकुमार यादव, सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह सुडी के बेटा सुमित साह सहित के मिलेमतो मे हि सरकार जान के बजार के चलनचल्ती दाम से बेसी महंगा दर मे सामान किनल स्रोत के दाबी बा ।
केन्द्र के निर्देशक डा. यादव स्वास्थ्य निर्देशनालय के निर्देशक भईल समय हि मेडिसोलुसन से सामान खरिद करत अईला के चलते फर्म से उनकर साँठगाँठ पुराने रहल स्रोत के दाबी बा ।
एने केन्द्र के निर्देशक डा. यादव पीसीआर मेसिन कमी मे किनला पर स्वाभाविक रूप मे महँगा होखेके तर्क कइनी ।





