प्रभु बैंक के लापरवाही से सेवाग्राहीलोग घण्टो तक गेट बाहर घाम मे खडा होखेमे बाध्य

वीरगंज २० कुवार

प्रभु बैंक वीरगंज शाखा मे आपन पईसा निकाले आ राखे खातिर घण्टो तक गेट बाहर घाम मे खडा होखेमे बाध्य भईल बाडन ।

बैंक उचित व्यास्थापन ना कईला के चलते कोरोना संक्रमण के बहाना बनावत बैंक सेवाग्राही के गेट बाहर हि घण्टो तक रोक रहल बाडन ।

कोरोना महामारी से पहिले बैंक भितर घण्टो तक लाइन लागेके बाध्यता रहे आ अभी भी गेट बाहर कडा घाम मे लाईन लागेके बाध्यता रहल सेवाग्राहीलोग बतवले बाडन ।

बैंक सेवाग्राहीलोग से हि लाखो रोपेया कमा रहला पर भी उहे सेवाग्राही के दुःख दे रहल बा । बैंक मे नाम मात्र के ४ गो कैस आ डिपोजिट काउन्टर बा माकिर २ गो मात्र संचालन मे रहला से समस्या भोगेके पडल सेवाग्राहीलोग बतवले बाडन ।

बैंक २ गो काउन्टर मात्र संचालन कईला के चलते बेसी भिडभाड होरहल आ बेसी समय लाग रहल माकिर ४ गो काउन्टर संचालन मे लिअईला पर ओतना भिड भी ना होखी आ समय के भी बचत होखी कहके सेवाग्राहीलोग बतवले बाडन ।

प्रभु बैंक के आउर शाखासब मे अईसन समस्या ना भईला पर भी देश के आर्थिक राजधानी के रुप मे रहल वीरगंज शाखा मे कर्मचारी आ प्रशासन के लापरवाही से अइसन समस्या देखल गईल सेवाग्राहीलोग के कहनाम रहल बा ।

सेवाग्राहीलोग बैंक कमाएके ओरी मात्र लागल आ सेवा प्रवाह व्यस्थित करेमे ध्यान ना देहल सिकाईत कईले बाडन ।

बैंक के सेवाप्रवाह सहज होखेवाला जगहा मे उलटे सेवाग्राहीलोग पिडित बनला से आपन खाता बन्द हि करके आउर बैंक मे जाएके अवस्था सृजना भईल बतावेलन ।

बैंक के सेवा प्रवाह मे बेसी समय लागेके आ कर्मचारी के व्यवहार भी बढिया ना भईला के चलते खाता बन्द करेके अवस्था मे पुगल सेवाग्राही जय कुशवाहा बतवनी । उ बैंक के गार्ड से लेके आउर कर्मचारी भी अभद्र व्यहार करेलन कहके बतवनी ।

वीरगंज शाखा के रवैया उपर बैंक के प्रधान कार्यालय के ध्यान समय मे हि ना पुगला पर सेवाग्राहीलोग आउर समस्या भोगेमे बाध्य होखिहें कहके सहजे अनुमान कईल जा सकता ।

एहितरे वीरगंज के आउर कुछ बैंक मे भी भिडभाड हो रहल आ सेवा लेवेमे बेसी समय लाग रहल बा । उहे चलते एकरा ओरी सम्बन्धित निकाय के ध्यान पुगल जरुरी देखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।