जनता समाजवादी पार्टी के महानगर स्तरीय अगुवा भेला पुरा

वीरगंज २४ कुवार
जनता समाजवादी पार्टी के महानगर स्तरीय अगुवा भेला पुरा भईल बा ।
तत्कालिन राष्ट्रिय जनता पार्टी के महानगर अध्यक्ष ओमप्रकाश सर्राफ के अध्यक्षता मे पुरा भईल बईठक मे तत्कालिन राजपा के बीरगंज महानगर के ३२ गो वार्ड के अगुवा नेता कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।
पार्टी के एकिकरण के बाद बदलल अवस्था आ पार्टी के निती तथा कार्जक्रम गाँव गाँव आ टोल टोल मे पुगावे के आ जसपा के देश के वैकल्पिक शक्ति बनावे खातिर इहाँ के नेता तथा कार्यकर्तालोग के भी उल्लेख सहभागिता होखेके बात मे वक्तालोग जोड देहले रहलन ।
साथे इहे कुवार २६ आ २७ गते पार्टी के केन्द्रिय नेतागण के विशेष उपस्थिती मे पर्सा मे होखेवाला कार्जक्रम भव्य आ सभ्य रुप मे पुरा करे खातिर जोडतोड के लागे खातिर निर्णय कईल जनावल गईल बा ।
कार्जक्रम मे तत्कालिन राजपा के केन्द्रिय उपाध्यक्ष अधिवक्ता सुरेन्द्र कुर्मी, प्रदेश सांसदलोग रमेश प्रसाद कुर्मी, डा. अन्जु यादव, जसपा के नेतालोग शिव पटेल, रम्भा मिश्र, मुन्नी श्रीवास्तव, रेखा घिमिरे, तत्कालिन राजपा के जिल्ला अध्यक्ष जगदिश पटेल, जिल्ला सचिव राजेश साह, बिरेन्द्र यादव, अनिरुद्ध कलवार, रम्तुल्लाह खान, रासनारायण मिश्र, युवा नेता शेख मुन्न, कमला तिमिल्सीना, महम्मद भोला, विद्यार्थी नेता फिरोज बादशाह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत वक्तालोग पार्टी के जनप्रिय बनावे खातिर जनता के समस्या के समाधान करत जाएके आ मधेश के मुद्दा के सम्बोधन करावे मे लागेके बतवनी । कार्जक्रम के सहजीकरण नगर कोषाध्यक्ष पन्नालाल पटेल कईले रहनी आ स्वागत मन्तव्य नगर सचिव सन्जय पटेल कईले रहनी ।






