चोरी निकासी कर के लियावल समान भन्सार बुझवलख पुलीस

प्रभु यादव
बारा २६ कुवार
बारा मे भारत से चोरी निकासी कर के लियावल सामान पकड के भन्सार पेठावल गईल बा ।
२ लाख ६७ हजार बराबर के समान भन्सार छली कर के लियावल लताकपडा आ किराना सामान परवानीपुर से बरामद भइला मे भन्सार दाखिल कईल गईल बारा प्रहरी के प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी करवले बानी ।
कुवार २२ गते इलाका प्रहरी कार्यालय जितपुर बारा से खटल प्रहरी टोली जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं.७ के सडक से भारत ओर से भन्सार छली चोरी पैठारी कर के नेपाल लियावल कपडा आ किराना सामान भी पकडले रहलन ।
सोमार के दिने भन्सार ऐन मुताविक जरुरी कारवाही के खातिर पकडाईल समान सब भन्सार कार्यालय वीरगंज मे पठावल गईल बारा प्रहरी जानकारी करवले बा ।






