गौर हत्याकाण्ड के दोषी के कारबाही करेमे देरी ना करेके चाहिं : प्रभु साह

रौतहट ३ अगहन
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) प्रदेश २ के अध्यक्ष तथा सांसद प्रभु साह गौर हत्याकाण्ड मे संलग्न दोषी के कारबाही करे खातिर विलम्ब करेके ना होखी कहके बतवनी ।
रौतहट के बौधीमाई नगरपालिका–४, इनरवारी मे आयोजना कईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत पूर्वमन्त्री भी रहल साह रौतहट के कलंक के रुप मे राजपुर बम काण्ड आ गौर हत्याकाण्ड रहल बतवनी ।
उ राजपुर बम काण्ड के पीडित से न्याय मिलेके स्थिति रहल माकिर गौर हत्याकाण्ड मे संलग्न अपराधी खुलेआम घुम रहल उ दुःखद् रहल बतवनी ।
हत्याकाण्ड के योजनाकार तथा हत्याराविरुद्ध जाहेरी दर्ता भईल बरीसो बितला पर भी पीडित न्याय के ईन्तजार मे रहल नेता साह अपराधी के कारबाही करके रौतहट उपर लागल कलंक हटावे के माग कईले बाडन ।
घटना के छानबिन के खातिर गठन कईल आयोग भी अपराधीलोग के बारे मे स्पष्ट प्रमाण देहल बरीसो बितला पर भी अब हत्यारासब के जेल डालला के विकल्प ना रहल नेता साह के कहनाम रहे ।
“दु काण्ड के चलते रौतहट के नाम मे बडका कलंक लागल बा । एगो राजपुर बम काण्ड आ दोसर गौर हत्याकाण्ड ।
राजपुर बम काण्ड के छिनोफानो त हो चुकल माकिर गौर हत्याकाण्ड के पीडित से न्याय मिलेके बाँकी बा,” कहत नेता साह, “इहाँ जाहेरी दर्ता भईल बा, तत्कालिन न्यायाधीश के नेतृत्व मे गठित आयोग प्रतिवेदन देहले बाडन ।
ओहिसे ओईसन अमानवीय आ विभत्स हत्याकाण्ड के दोषी के उन्मुक्ति देके कानुनी शासन बहाली ना होखी । गौर हत्याकाण्ड के दोषी के कानुनी दायरा मे लियावेके पडि आ पीडित पक्ष से न्याय मिलेके पडल ।”
घटना के १४ बरीस बितला पर भी न्याय के खातिर निहोरा करेके आ दोषी के कारबाही ना होखेके अवस्था आईल दुःखद् रहल उ बतवनी ।
२०६३ साल चईत्र ७ गते रौतहट के गौरस्थित राईसमिल मे तत्कालीन नेकपा माओवादी के २७ जने कार्यकर्ता के हत्या कईल रहे ।
अभी जसपा के अध्यक्ष भी रहल तत्कालीन मधेशी जनअधिकार फोरम के केन्द्रीय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के योजना मे उ हत्याकाण्ड भईल कहत जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट मे जाहेरी दर्ता भईल रहे ।
माकिर मुद्दा अभी विचाराधीन अवस्था मे रहला से न्याय के खातिर पीडितलोग निहोरा करत आईल बाडन ।






