पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे भी राजावादी के जुलुस तथा प्रदर्शन

मेघराज राय
जीराभवानी १९ अगहन
लोकतन्त्र विरोधीलोग के चलखेल पिछिलका दिन मे अचानक बढल बा । रूपन्देही के बुटवल से सुरु भईल राजावादीलोग के प्रदर्शन देश के मुख्य सहरसब मे ‘राजा आऊ देश बचाऊ’ कहके नारा खुल्लेयाम लागे लागल बा ।
प्रतिगमन के पक्ष मे भितर भितर गतिविधि होखे लागल एक दशक बितला पर भी खुल्लेयाम गतिविधि ना भईल रहे माकिर कुछ हप्ता से देश के प्रमुख सहर मे राजतन्त्र पुनर्बहाली करेके माग अगाडि बढावत राष्ट्रिय झन्डा लेके प्रदर्शन हो रहल बा ।
आजु पर्सा जिल्ला के जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर एक के बलुवा मे भी राजावादीलोग मजिद मिया के नेतृत्व मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
राजसंस्था जिन्दावाद, हमनी के राजा हमनी के देश, प्राण से प्यारा बानी, हिन्दु राष्ट्र कायम कर’ लगायत के नारा लगावत सयो के संख्या मे रहललोग बलुवा टोल परिक्रमा कईले रहलन ।
प्रदर्शन मे पुर्ब राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के नेता तथा कार्यकर्तालोग के प्रत्यक्ष सहभागिता देखल गईल रहे ।






