अवैध घरेलु दारू आ भट्टी नष्ट

प्रभु यादव

बारा ०४ पुस,

बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर २१ गुरुङ टोल मे अवैेध घरेलु दारू आ भट्टी पुलीस नोक्सान कईले बा ।

चोरालुका के अवैध घरेलु दारू बनारहल मिलल सूचना के अधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय के मातहत इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा बारा आ इलाका प्रहरी कार्यालय अमलेखगंज से खटल संयुक्त प्रहरी टोली नष्ट कईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

अबैध रुप मे संचालन रहल घरेलु दारू बनावल कईल १४ गो अवैध भट्टी आ तईयारी दारू एक हजार लिटर, दारू बनावेवाला समान १५ हजार लिटर नष्ट कईल गईल प्रवक्ता गौतम बतवले बानी ।

दारू बनावेवाला भाडा आ मसिन लगायत के सामान सब नियन्त्रण मे लेहल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।