ठोरी गाँवपालिका–१ दिपकनगर मे निःशुल्क भेटेरिनरी किलास संचालन के तईयारी

मेघराज राय
जिराभवानी ०९ पुस
प्राविधिक शिक्षा मार्फत रोजगारी के सृजना होखेवाला भईला से इच्छुक विद्यार्थीलोग के निःशुल्क भर्ना खुलल गाँवपालिका प्रमुख पदम लाल श्रेष्ठ बतवले बानी । ४ बरीस के कोर्स मे ४८ जने विद्यार्थीलोग के गाँवपालिका निःशुल्क भर्ना के व्यवस्था कईले बा ।
उनका मुताविक नेपाल मे करिब ४० हजार पशु चिकित्सक के जरुरत बा । माकिर अभी तक नेपालभर दु हजार मात्र दक्ष पशु चिकित्सक बाडन । पशु विज्ञान मे पढाइ ओरईला के बाद नोकरी मिलेके देखल गईला से तत्काल रोजगारी ना मिलला पर भी खाली हाथ रहेके ना पडि । आत्मनिर्भर होखे सकेवाला भईला से पशु विज्ञान मे आकर्षण बढल श्रेष्ठ के बिचार रहल बा ।
किलास ९ आ १० मे विद्यार्थी पशुरोग, उपचार, बेमारी के चलते, लक्षण, जीवाणु आ दवाई के बारे मे आधारभूत ज्ञान मिली । किलास ११ आ १२ मे पशुपालन, फार्म आ खोर निर्माण, बजार विस्तारीकरण लगायत व्यावसायिक पशुपालन के बारे मे जानकारी होखी ।
विद्यालय तह ओरईला के बाद हि विद्यार्थी गाँव घर मे पशु जाँच करके जरुरी सल्लाह देवेके रोजगारी मिलेके भईला के चलते नेपाल मे भेटेरिनरी पढाई के माग बढ रहल बा ।





