किसान के नइखे मिलत रासायनिक खाद, वीरगंज मे नोक्सान कईल जा रहल

वीरगंज १५ पुस
किसान से ना मिल रहल समय सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह मे अलपत्र रहल रासायनिक मल नोक्सान करेके भईल जनावल गईल बा । भिजल डीएपी मल के गुणस्तर जाँच करेके आ प्रयोग मे लियावे ना मिलेवाला जेतना मल नोक्सान करेके तइयारी कईल बा ।
भिजल खाद गोदाम मात्र छेंकला के चलते ओकर व्यवस्थान करे लागल सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह कार्यालय जनवले बा ।
साल्ट ट्रेडिङ कर्पोरेसन लिमिटेड ग्लोबल टेन्डरमार्फत खरिद कईल दु ¥याक खाद भिज के करिया ढेपा बनल अवस्था मे आईल रहे ।
बितल बरीस साल्ट ट्रेडिङ आपूर्तिकर्ता स्वीस सिंगापुर ओभरसिज से २५ हजार मेट्रिक टन खाद के खातिर सम्झौता कईले रहे । कुवार १८ गते आइल ४६ हजार बोरा अर्थात २३ सय मेट्रिक टन डीएपी आ भादो पहिलका हप्ता आईल २५ सय मेट्रिक टन (५० हजार बोरा) डीएपी खाद भिजल रहे ।
आपूर्तिकर्ता कम्पनी के भन्सार एजेन्ट के प्रतिनिधि बितल मे महिना मे बंगाल के खाडी मे आईल “अम्फन” आँधी के चलते खाद भिजल बतवले रहलन । कोलकाता बन्दरगाह मे राखे ना देहला के बाद भिजल खाद इहाँ लियावल रहे ।
रेल के ब्यागन से अनलोड करके बन्दरगाह के गोदाम मे अनलोड करेके समय मे हि खाद ढेपा बन्हाईल रहे । खाद भिज के करिया ढेपा बनला के बाद आयात करेवाला ठेकेदार कम्पनी जाँचपास के खातिर प्रक्रिया हि सुरु ना कईलख ।
जाँजपास ना भईला पर भन्सार के गोदाम मे जगहा छेंकले बा । कम्पनी १ हजार २२५ मेट्रिक टन खाद मात्र नोक्सान भईल दाबी कईले बा ।
कृषि मन्त्रालय से खटावल स्वतन्त्र सर्भेयर काम लागेवाला आ ना लागेवाला खाद के छुट्या रहल सुख्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय के प्रमुख भन्सार अधिकृत लालबहादुर खत्री बतवनी ।
स्वतन्त्र सर्भेयर प्रयोग के खातिर उपयुक्त कहल खाद जाँच पास होखेके आ बाँकी खाद के जफत करके खान्ता खोन के हलावे के उ बतवनी ।
“ड्यामेज खाद छोडेके बाते ना भईल, व्यवस्थापन मे समस्या बा । केतना ड्यामेज बा आ केतना जाँचपास करेके मिली कहके छुट्यावे के काम होरहल बा,” कहके उ बतवनी ।
ओकरा खातिर कृषि मन्त्रालय से तोकल स्वतन्त्र सर्भेयर, विमा के कर्मचारी आ ठेकेदार कम्पनी के प्रतिनीधि खटल बाडन । अध्ययन रिपोर्ट अईला के बाद जाँच पास करे मिलेवाला जाँचपास करेके आ ना मिलेवाला के जफत करके खान्ता मे हलावे के उ बतवनी ।
सप्लायर कम्पनी के कर्मचारी भिजल खाद व्यवस्थापन करे खातिर ३ दिन के समय माँगला मे खुद ५ दिन के समय देहल माकिर काम पुरा ना भईल भन्सार प्रमुख खत्री बतवनी ।
खाद के नोक्सानी सँगे बन्दरगाह के गोदाम भाडा सहेके पडला पर खाद सप्लायर्स दोहोरो नोक्सानी बेहोर रहल बा । ओहिसे जलदी से जलदी प्रक्रिया टुंगो लागो कहके उनकर चाहना बा ।
भन्सार अधिकृत चुडामणी कट्टेल रासायनिक खाद मे राजश्व ना लागेवाला भईला से काम लागेवाला ना लागेवाला छुट्यईला के बाद जाँचपास के प्रक्रिया मात्र पूरा करेके बतवनी ।
बन्दरगाह मे आईल खाद के जिम्मेवारी सप्लायर्स के भईल साल्ट ट्रेडिङ कर्पोरेसन लिमिटेड वीरगंज के प्रमुख आमोज लामिछाने बतवनी ।
“२५ हजार मेट्रिक टन खाद लियावे के सम्झौता भईला मे सप्लायर्स हमनी के ६ हजार ८ सय मेट्रिक टन खाद देवे ना सकल,” कहत उ, “भिजला के चलते दु ¥याक मल ¥यार्ड मे हि बा । जाँचपास होके गोदाम मे ना अईला पर पईसा देवेके ना पडि ।”
बाली मे छिटेवाला समय मे खाद मिलेमे असहज होरहल अवस्था मे भिजल खाद अईला के बाद किसान आउर समस्या मे पडल रहलन ।






